For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Unnao: करंट लगला से सिपाही के मौत, लोहा के तार पऽ कपड़ा फइलावत घरी भइल हादसा

01:55 PM Oct 16, 2024 IST | Sonu Kishor
unnao  करंट लगला से सिपाही के मौत  लोहा के तार पऽ कपड़ा फइलावत घरी भइल हादसा
करंट लगला से सिपाही के मौत
Advertisement

उन्नाव जिला के औरास थाना में तैनात एगो सिपाही के सरकारी कमरा में लागल लोहा के तार से करंट लाग गइल। साथी सिपाही उनका के स्वास्थ्य केंद्र ले अइले, जहां डॉक्टर उनका के मृत घोषित कऽ देले। औरास थाना में तैनात कांस्टेबल हरेन्द्र सिंह सरकारी कक्ष में रहत रहे।

Advertisement

बुध के सबेरे दस बजे नहाए के बाद उऽ बहरी लोहा के तार पs कपड़ा पसारे गईले। तार से करंट लाग गइल अउरी उनकर मौत हो गइल। घटना के जानकारी मिलला पs सीओ अरविंद चौरसिया, एसओ अश्वनी मिश्रा मौका पs पहुंच के उच्च अधिकारी के घटना के जानकारी देले।

मरेवाला हरेन्द्र सिंह मूल रूप से आगरा जिला के खंडौली थाना के मालूपुर गांव के निवासी रहले। हरेन्द्र सेना से सेवानिवृत्त होखला के बाद साल 2019 में सिपाही पद में शामिल भइले। करीब नौ महीना पहिले उनकर तबादला बिगापुर कोतवाली से औरस थाना में हो गइल रहे। उनकर पत्नी मोनिका के संगे एगो बेटा अउरी बेटी बाड़ी।

Tags :
Advertisement