टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UP: शत-प्रतिशत वोटिंग एही गाँव में भइल... एगो नवहा आपन वोट देवे खातिर फ्लाइट से आइल; एह दूनो गांव में 100% वोटिंग

10:44 AM May 21, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

यूपी के ललितपुर के एगो गांव के मतदाता एगो मिसाल पेश कइले बाड़े। मेहरौनी विधानसभा के बूथ नंबर 277 पs शत प्रतिशत मतदान भइल। एगो नवही आपन वोट देवे खातिर उड़ान भर के एहिजा आइल । दुपहरिया एक बजे तक 375 मतदाता आपन वोट देले रहले।

Advertisement

एक ओर देश में मतदान के प्रतिशत बढ़ावे खातिर जागरूकता अभियान चलावल जा रहल बा। पढ़ल-लिखल लोग के मतदान बूथ पs जाए खातिर तरह तरह से प्रेरित कइल जा रहल बाडे । एकरा संगे-संगे ललितपुर के मेहरौनी विस इलाका के आदिवासी बहुल गांव सोलदा के मतदाता दुपहरिया एक बजे तक शत-प्रतिशत वोट देके मिसाल कायम कइले।

खास बात ई रहे कि गाँव के एगो नवहा बंगलौर से फ्लाइट चढ़ के वोट देवे आइल रहे । एकरा अलावे ललितपुर के दुगो गांव में भी शत-प्रतिशत मतदान भइल। एक ओर तs लोकसभा चुनाव के पांचवा चरण में सोमवार के झांसी-ललितपुर में भइल मतदान के दौरान बहुत जगह पs मतदान बहिष्कार के खबर आइल।

जहां मेहरौनी विस इलाका के गांव सोलदा में आदिवासी बहुल मतदाता खुद दुपहरिया एक बजे शत-प्रतिशत मतदान कइले। गांव के प्राथमिक विद्यालय में 277 नंबर के बूथ पs 375 मतदाता रहले। एहमें 198 गो पुरुष आ 177 गो महिला मतदाता शामिल रहली ।

सबेरे से मतदाता बुंदेली परिधान में नाचत-गावत मतदान केंद्र पs पहुंचले आ वोट डलले। दुपहरिया 12 बजे तक 374 मतदाता आपन वोट देले रहले। पीठासीन अधिकारी के लिस्ट देख के पता चलल कि गाँव के एगो नवहा शेरसिंह यादव आपन वोट नइखे देले।

पीठासीन अधिकारी जब मतदाता के तलाश कइले त पता चलल कि उ बेंगलुरु से आवत बाड़े आ रास्ता में बाड़े। शेरसिंह यादव दुपहरिया एक बजे केन्द्र पहुँच के आपन वोट दिहलन आ एहिजा शत-प्रतिशत मतदान हो गइल ।

शेरसिंह यादव बतवले कि उनका के प्रशासन आ प्रमुख के ओर से बार-बार वोट देवे आवे खातीर प्रेरित कइल जात रहे। सोमवार के सबेरे उ बेंगलुरु से फ्लाइट से भोपाल गइले आ सबेरे नौ बजे भोपाल पहुंचले। भोपाल से गाड़ी से दुपहरिया में गांव पहुंच के वोट देले।

गांव के मुखिया श्रीबाई कहले कि गांव के लोग मतदान के लेके उत्साह में बाड़े। शेर सिंह के अलावे गांव के 26 अउरी लोग भी बहरी जिला से गांव पहुंच के वोट डाले पहुंचले। लोकतंत्र के महान पर्व में सब लोग उत्साह से भाग लिहल।

डीएम अक्षय त्रिपाठी जी गाँव प्रमुख आ अधिकारी लोग के प्रयास से ई सफलता हासिल भइल  । गाँव सोलदा के मतदाता एगो मिसाल पेश कइले बाड़न ।

100% वोटिंग एह दुनो गाँव में भी भइल 

ललितपुर के गाँव बमूरी नागल के बूथ नंबर 355 पs भी सौ फीसदी मतदान भइल। साँझ चार बजे ले एहिजा 443 मतदाता आपन वोट दिहले । एकरा अलावे गांव बुदनी के 195 नंबर बूथ प शत-प्रतिशत 216 मतदाता वोट देले।

Tags :
2024 loksabaha electionBhojpuri khabargood newsKhabar Bhojpur Newskhabar bhojpuri news specialloksabaha electionuttarpradeshuttarpradesh live updateuttarpradesh newsuttarpradesh villagevote awarenessvoting rightsबड़ी khabar
Advertisement
Next Article