टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

यूपी: प्रदेश के ई जिला में आज भारी बारिश के अलर्ट, जानी आज के मौसम

10:06 AM Aug 28, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

UP weather: बुधवार के राज्य के कई जिला में भारी बरखा हो सकता। मंगलवार के भी राज्य के अलगा-अलगा हिस्सा में  बरखा रिकॉर्ड भइल।

Advertisement

राज्य के दक्षिणी भाग में बुधवार के भी अच्छा बारिश के संभावना बा। मौसम विभाग के मुताबिक अलगा-अलगा इलाका में हल्का से मध्यम बरखा जारी रही। मंगल के दिने राज्य के विभिन्न इलाका में बढ़िया बरखा भइल। वरिष्ठ मौसम वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह के मुताबिक बुधवार के प्रयागराज, प्रतापगढ़, वाराणसी, जौनपुर, गाजीपुर, संतरविदासनगर, सुल्तानपुर अवुरी आसपास के इलाका में भारी बरखा के संभावना बा।

मंगलवार के गाजीपुर में 46.2 mm, प्रयागराज में 36.5 mm, ओराई में 27 mm, चुरक में 16.8 mm, फुरसतगंज में 12.6 mm, सुल्तानपुर में 10 mm, वाराणसी में 8.6 mm, हमीरपुर में 5 mm आ बलिया में 3.2 mm बरखा दर्ज भइल ।जबकि राज्य के अधिकतम तापमान के बात कइल जाए तs नजीबाबाद के तापमान 35.2 डिग्री सेल्सियस रहे। बस्ती में 35 डिग्री सेल्सियस आ लखीमपुर खेरी में 34.6 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल ।

न्यूनतम तापमान के बात कइल जाए तs सबसे कम तापमान झांसी में 22.7 डिग्री सेल्सियस, मेरठ में 22.9 डिग्री सेल्सियस आ गाजीपुर में 23 डिग्री सेल्सियस रहल।

राजधानी में आजो बादल छाइल रही आ बरखा होखे के संभावना बा।

मंगलवार के राजधानी में दिन भर आसमान बादल छाइल रहे आ सांझ के समय अलग-अलग जगह पs गरज के बिजली के संगे बरखा भइल। एहसे नमी से राहत मिलल। तापमान में मामूली गिरावट के चलते मौसम सुखद हो गइल। मौसम विभाग के मुताबिक बुधवार के भी लखनऊ में हल्का से मध्यम बरखा के संभावना बा। लखनऊ में मंगलवार के शाम 5:30 बजे तक 0.5 mm बरखा दर्ज भइल। मंगल के दिने दिन के तापमान 34 डिग्री सेल्सियस रहल आ 0.7 डिग्री के मामूली गिरावट आइल। एकरा संगे रात के तापमान 27 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल जवना में 0.2 डिग्री के बढ़ोतरी भइल।

Tags :
Bhojpuri khabarBhojpuri Newskhabar bhojpuri officiallucknow newsuttarpradesh weather newsWeather Condition Weather Forecast IMD Alert uttar pradesh weather Weather newsWeather Forecast TodayWeather News
Advertisement
Next Article