For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

UP: बीसी सखी लो निकलस न्याय तिरंगा यात्रा, पुलिस हिरासत में लेके ईको गार्डेन भेजलस, सीएम से होई मुलाकात

12:05 PM Aug 12, 2024 IST | Sonu Kishor
up  बीसी सखी लो निकलस न्याय तिरंगा यात्रा  पुलिस हिरासत में लेके ईको गार्डेन भेजलस  सीएम से होई मुलाकात
Advertisement

बीसी सखी सोमार के दिने लखनऊ में अपना माँग के साथे प्रदर्शन कइली आ विधानसभा का ओर मार्च कइली। रास्ता में सुरक्षाकर्मी रोक के हिरासत में लेके इको गार्डन भेज देले।

Advertisement

सोमवार के बीसी सखी राजधानी लखनऊ अपना मांग के लेके प्रदर्शन कइले अवरू न्याय यात्रा कइली। एह दौरान सभ प्रदर्शनकारी विधानसभा के ओर मार्च करत रहली। हालांकि सुरक्षाकर्मी ओ लोग के बापू भवन के नजदीक रोक देले।

पुलिस प्रदर्शनकारी के हिरासत में लेके इको गार्डन भेजे के काम शुरू कऽ देले।  बीसी सखी नियमितीकरण आ तनखाह बढ़ा के दस हजार रुपिया करे के माँग कइले बाड़ी। एह दौरान बीसी सखी के पांच सदस्यीय प्रतिनिधिमंडल के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से मिले खातिर ले जाइल गइल बा।

Tags :
Advertisement