For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

यूपी: विधानसभा उप चुनाव में भाजपा उतरलस मंत्रियन के टीम, सीएम योगी के अगुवाई में 16 मंत्री करी लो प्रचार

11:10 AM Jul 02, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
यूपी  विधानसभा उप चुनाव में भाजपा उतरलस मंत्रियन के टीम  सीएम योगी के अगुवाई में 16 मंत्री करी लो प्रचार
Advertisement

प्रदेश के 10 विधानसभा सीटन पs होखे वाला उप चुनाव खातिर आयोग भलही अभी कार्यक्रम घोषित नइखे कइलें। बाकिर सब दल अपना-अपना स्तर से सीटन पs जीत दर्ज करे के रणनीति बनावे में जुट गइल बाड़ी सs। ओहिजा, भाजपा एह 10 में से अपना हिस्सा के पांच सीटन पs कब्जा बरकरार रखे के संगही बाकी पांच सीटन के जीते के रणनीति बनवले बिया। उप चुनाव के कमान खुद मुख्यमंत्री अपना हाथन में लेले बा। सब 10 सीटन पs 16 मंत्रियन के टीम तैनात कs के जीत पक्का करे के जिम्मेदारी दिहल गइल बा।

Advertisement

एह संबंध में अतवार के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मवजूदगी में बैठक भइल रहे। जेमे भाजपा के संगही ओम प्रकाश राजभर के छोड़के सहजोगी दलन के मंत्री मवजूद रहे लो। बैठक में उप चुनाव जीते के रणनीति पs चरचा भइल बा। एकरा बाद 16 मंत्रियन के टीम के गठन कs के सभे के अपना-अपना सीटन पs जीत दर्ज करे के जिम्मेदारी दिहल गइल। मंत्रियन के टीम में भाजपा के अलावे सहजोगी दलन के मंत्रियन के सामिल कइल गइल बा। कुछ सीटन पs दुगो तs कुछ पs एगो मंत्री के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। एकरा संगही संगठन के पदाधिकारियन के लगावल जाई।

दरअसल उप चुनाव में सब 10 सीटन पs जीत दर्ज कs के भाजपा लोकसभा चुनाव में मिलल हार के घाव के भरल चाहत बिया। एहिसे मंत्रियन के हर हाल में जीत दर्ज करे खातिर अभी से क्षेत्रन में डटल रहे के कहल गइल। ओहिजा, उप चुनाव के तारीखन के घोषणा जल्दिये होखे के संभावना के देखत भाजपा में टिकट खातिर भाग-दउर सुरू हो गइल बा। विधायक से सांसद बने वाला नेता जहां अपना परिवार के कवनो सदस्य के टिकट दिलावे में जुटल बा लो। ओहिजा, कइयन गो पूर्व सांसद आ विधायक टिकट के दउर में सामिल बा लो।

एह सीटन पs लागल बा 16 मंत्रियन के ड्यूटी

करहल-जयवीर सिंह,
मिल्कीपुर- सूर्य प्रताप शाही व मयंकेश्वर शरण सिंह
कटेहरी- स्वतंत्र देव सिंह व आशीष पटेल
सीसामऊ- सुरेश खन्ना व संजय निषाद
फूलपुर- दयाशंकर सिंह व राकेश सचान
मझवां-अनिल राजभर
ग़ाज़ियाबाद सदर- सुनील शर्मा
मीरापुर- अनिल कुमार व सोमेन्द्र तोमर
खैर- लक्ष्मी नारायण चौधरी
कुंदरकी- धर्मपाल सिंह व जेपीएस राठौर

Tags :
Advertisement