टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UP Cabinet: योगी सरकार के डेढ़ करोड़ किसानन के सौगात, निजी नलकूप पs मिली फ्री बिजली कनेक्शन

03:12 PM Mar 05, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के अध्यक्षता में मंगर के भइल कैबिनेट बैठक में किसानन के हित में बड़ फैसला लिहल गइल बार। कैबिनेट निजी नलकूप पs मुफ्त बिजली कनेक्शन देला के फैसला के मंजूरी दे देले बा। एकरा  से प्रदेश के डेढ़ करोड़ किसानन के मुफ्त बिजली कनेक्शन के लाभ मिली। ई योजना एक अप्रिल, 2023 से लागू होई। जवना के बाद से बकाया निजी नलकूप के बिल ना जमा करे के होई।

Advertisement

एकरा अलावा, प्रदेश कैबिनेट हाइड्रोजन नीति के मंजूरी दे देले बा। एह निर्णय से प्रदेश के अलग-अलग शहरन में ग्रीन हाइड्रोजन उत्पादन, हाइड्रोजन बस सहित आउर वाहन चलावे के योजना साकार हो सकी। प्रदेश में यूपीनेडा के ओर से ग्रीन हाइड्रोजन पॉलिसी बनावल गइल बा। अब एकरा के लागू करे के तइयारी बा। एह पालिसी के मंजूरी मिलला के बाद आउर वाहनन के संगही पाइप्ड नेचुरल गैस में मिलाके प्रयोग कइल जा सकी। मालूम होखे कि केंद्र सरकार के ओर से नेशनल ग्रीन हाइड्रोजन मिशन सुरू कइल गइल बा। अब एकरा के राज्यन के लागू करे के बा।

Tags :
Bhojpuri NewsCm yogi adityanathPrivate Handpump Bill FreeUp cabinetYogi Cabinet Meeting
Advertisement
Next Article