टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

कानपुर से भिवानी जा रहल 'कालिंदी एक्सप्रेस' के LPG सिलेंडर से उड़ावे के साजिश!

09:53 AM Sep 09, 2024 IST | Minee Upadhyay
कालिंदी एक्सप्रेस :फोटो
Advertisement

 

Advertisement

प्रयागराज से कानपुर होत भिवानी जाए वाली ट्रेन कालिंदी एक्सप्रेस (14117) के एलपीजी सिलेंडर से उड़ावे के साजिश के मामला सोझा आईल बा। अतवार के देर साँझ ई ट्रेन पटरी पs राखल सिलेंडर से टकरा गइल. एह दौरान जोरदार आवाज भी भइल। नीमन बात इs बा कि ट्रेन में मौजूद यात्री के कवनो नुकसान ना भईल।

कानपुर के अनवरगंज-कासगंज रेल मार्ग पs देर सांझ भिवानी जात कालिंदी एक्सप्रेस पटरी पs राखल सिलेंडर से टकरा गइल. ट्रेन के रफ्तार तेज रहे, जवना के चलते ट्रेन के रोकत घरी सिलेंडर से टकरा गईल। एकरा से भी जोरदार आवाज निकलल। इs ट्रेन प्रयागराज से कानपुर सेंट्रल होत भिवानी जात रहे।

शिवराजपुर के लगे ड्राइवर ज्ञापन देले कि ट्रेन के कवनो लोहा के वस्तु से टकरा गईल। इमरजेंसी ब्रेक लगा के ट्रेन के रोकल गईल बाकिर मौका पs कुछूओ ना मिलल। ट्रेन चालक के जानकारी पs आरपीएफ के निरीक्षक जांच खातीर पहुंचले। जांच के बाद ओपी मीणा के टीम करीब 200 मीटर दूर सिलेंडर बरामद कs लेलस।

जवना सिलेंडर से ट्रेन के टक्कर भईल उs सिलेंडर भरल मिलल। जांच के दौरान अवुरी संदिग्ध सामान भी बरामद भईल बा। आरपीएफ के कहनाम बा कि साजिश के घटना के खारिज नईखे कईल जा सकत। फिलहाल आरपीएफ प्राथमिकी दर्ज कs के जांच शुरू कs देले बिया।

 

 

Tags :
indian railwaysKanpurRailwaysup news
Advertisement
Next Article