टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UP: हैलो... स्कूल में पढ़े वाली तोहार बेटी के अपहरण कs लेले बानी, पाकिस्तान से आइल फोन

10:10 AM Aug 16, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

लखनऊ के निगोहान थाना इलाका के एगो गाँव में पाकिस्तानी नंबर से छात्रा के अपहरण के बारे में जानकारी दिहल गइल । संग ही फिरौती के मांग कइल गइल। माता-पिता के बेटी के स्कूल में सुरक्षित मिलल। परिवार के लोग थाना में शिकायत दर्ज करवले बाड़े।

Advertisement

हैलो... स्कूल में पढ़े वाली तोहार बेटी के अपहरण कs लेले बानी। जदी रउरा ओह लोग के सुरक्षित देखल चाहत बानी तs पइसा के इंतजाम करीं । ना तs हम ओकरा के मार देब...। मंगलवार के जालसाज निगोहन के एगो स्कूल में पढ़े वाली लईकी छात्रा के अभिभावक के पाकिस्तानी नंबर से ई व्हाट्सएप कॉल कइले।

जब माता-पिता स्कूल गइले तs बेटी सुरक्षित पावल गइल। ए मामिला में अभिभावक शिकायत दर्ज करवले बाड़े। निगोहन गांव निवासी शैलेन्द्र कुमार के बेटी गंगा देवी महिला डिग्री कॉलेज में पढ़ाई करत बाड़ी। मंगल के दिने ऊ स्कूल गइल रहली ।

शैलेन्द्र के मुताबिक सबेरे 11:30 बजे व्हाट्सएप पs 923410274115 नंबर से फोन आइल। ओकरा पs एगो पुलिस अधिकारी के फोटो रहे। फोन उठावत गुंडा कहलस कि हम तोहार बेटी के अपहरण कs लेले बानी।

हम स्कैनर भेजत बानी । पइसा के इंतजाम करऽ ना तs हम तहरा बेटी के मार देब। बाकी अभिभावकन के भी अइसने फोन आइल। एएसओ अनुज तिवारी कहले कि साइबर क्राइम पुलिस जांच करतिया।

Tags :
Fraud callKhabar Bhojpuri NewskhabarBhojpuriOfficialkidnapping caselucknowPakistan fraud calluttarpradesh
Advertisement
Next Article