For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

यूपी: दुर्गा जागरण में डांस करत घरी भइल लइका के मउत

07:27 AM Oct 09, 2024 IST | Minee Upadhyay
यूपी  दुर्गा जागरण में डांस करत घरी भइल लइका के मउत
दुर्घटना: फोटो
Advertisement

Advertisement

यूपी के सीतापुर में दुर्गा जागरण के दौरान नाचत एगो लईका के मौत हो गईल। अचानक भईल एs घटना से मौका पs हलचल मच गईल अवुरी जागरण में भगदड़ मच गईल। मिलल जानकारी के मुताबिक मरेवाला लईका यूट्यूबर रहे।

पूरा बात का बा?

मामला सदरपुर थाना क्षेत्र के हs। मरेवाला लईका के पहचान विकास चौहान के रूप में भईल बा। विकास यूट्यूबर रहले आ छोट-छोट वीडियो बनावत रहले. दुर्गा जागरण में नाचत घरी अचानक गिर के मर गइलन.  जइसहीं लोग के घटना के जानकारी मिलल, जागरण में भगदड़ मच गईल। परिवार के लोग भी पुलिस के सूचना दिहल जरूरी ना समझले अवुरी जल्दबाजी में लईका के अंतिम संस्कार कईले। एह घटना से इलाका के लोग में मायूसी पैदा हो गइल बा.

Tags :
Advertisement