For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

IPS Transfer in UP: अमरेंद्र कुमार सेंगर लखनऊ के नया पुलिस कमिश्नर, प्रयागराज के कमिश्नर बदलल गइलें

12:10 PM Jun 22, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
ips transfer in up  अमरेंद्र कुमार सेंगर लखनऊ के नया पुलिस कमिश्नर  प्रयागराज के कमिश्नर बदलल गइलें
Advertisement

यूपी में सनीचर के कइयन गो आईपीएस अफसरन के तबादला भइल बा। लखनऊ आ प्रयागराज के पुलिस कमिश्नर बदलल गइल बा लो। आईपीएस अमरेंद्र कुमार सेंगर लखनऊ के नया पुलिस कमिश्नर होइहें। ओहिजा, आईपीएस तरुण गाबा के पुलिस कमिश्नर प्रयागराज नियुक्त कइल गइल बा। आईपीएस राजेश द्विवेदी के एसपी कुंभ प्रयागराज के पद पs नियुक्ति दिहल गइल बा।

Advertisement

आईपीएस एसबी शिराडकर के अपर पुलिस महानिदेशक लखनऊ नियुक्त कइल गइल बा। ऊ अभी तक लखनऊ पुलिस कमिश्नर के पद पs रहलें। आईपीएस रमित शर्मा के अपर पुलिस महानिदेशक बरेली जोन बनावल गइल बा। आईपीएस प्रेमचंद मीना के एडीजी पुलिस आवास निगम लखनऊ नियुक्त कइल गइल बा। आईपीएस प्रशांत कुमार द्वितीय के आईजी रेंज लखनऊ नियुक्त कइल गइल बा।

आईपीएस विनोद कुमार सिंह एडीजी साइबर क्राइम यूपी नियुक्त कइल गइल बाड़ें। आईपीएस प्रकाश डी अपर पुलिस महानिदेशक रेलवे बनावल गइल बा। आईपीएस जय नारायन सिंह के एडीजी पीटीसी सीतापुर नियुक्त कइल गइल बा।

एही तरे, आईपीएस एलवी एंटनी देव के एडीजी सीबीसीआईडी यूपी नियुक्त कइल गइल बा। आईपीएस रघुवीर लाल के एडीजी सुरक्षा के संगे एडीजी एसएसएफ के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। आईपीएस के सत्यनारायण के अपर पुलिस महानिदेशक बनावल गइल बा। आईपीएस बीडी पॉल्सन के अपर पुलिस महानिदेशक प्रशिक्षण नियुक्त कइल गइल बा। आईपीएस विद्यासागर मिश्र के रामपुर के पुलिस अधीक्षक नियुक्त कइल गइल बा। आईपीएस यमुना प्रसाद के डीसीपी नोएडा बनावल गइल बा।

Tags :
Advertisement