For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

UP: मायावती कहली -  राहुल गांधी के आरक्षण नीति छलकपट वाला

10:59 AM Sep 24, 2024 IST | Sonu Kishor
up  मायावती कहली    राहुल गांधी के आरक्षण नीति छलकपट वाला
बसपा सुप्रीमो मायावती।
Advertisement

बसपा सुप्रीमो मायावती राहुल गांधी आ कांग्रेस के आरक्षण नीति के धोखाधड़ी बतवले बाड़ी आ पिछला कांग्रेस शासन के दौरान आरक्षण के प्रति ओह लोग के रवैया पs सवाल उठवले बाड़ी।

Advertisement

बसपा सुप्रीमो मायावती कांग्रेस आ लोकसभा में विपक्ष के नेता राहुल गांधी के निशाना बनावत कहली कि उनकर आरक्षण नीति धोखाधड़ी बा।

उऽ ट्विटर प एगो बयान जारी कऽ कहली कि अनुसूचित जाति, अनुसूचित जनजाति आ ओबीसी खातिर कांग्रेस आ राहुल गांधी के आरक्षण नीति साफ नइखे बलुक पाखंडी आ धोखा देवे वाला बा। अपना देश में आपन वोट पावे खातिर उऽ लोग आरक्षण के समर्थन करेला आ ओकरा के 50 फीसदी से ऊपर बढ़ावे के वकालत करेला आ विदेश जा के आपन आरक्षण खतम करे के बात करेला। लोग के अपना दोहरा मानक के बारे में जागरूक होखे के चाही।

Tags :
Advertisement