For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

UP: नेपाल के यात्रियन के बस आ ट्रक के टक्कर, हादसा में 20 यात्री घायल

10:32 AM Oct 06, 2024 IST | Sonu Kishor
up  नेपाल के यात्रियन के बस आ ट्रक के टक्कर  हादसा में 20 यात्री घायल
road accident in shahjahanpur
Advertisement

उत्तर प्रदेश के शाहजहांपुर में बस आ ट्रक के टक्कर हो गइल। ए दुर्घटना में 20 यात्री घायल हो गइले। बस चालक के हालत गंभीर बतावल जाता। मौका पऽ पहुंचल पुलिस घायल के अस्पताल में भर्ती करवलस। पुलिस जांच में व्यस्त बिया।

Advertisement

जानकारी के मुताबिक शाहजहांपुर के खुटार इलाका में दिल्ली से नेपाल जाए वाली एगो निजी बस ट्रक से टकरा गइल। बस आ ट्रक के चालक समेत 20 लोग धायल हो गइल बा। बस चालक के हालत गंभीर होखला के चलते रेफर कऽ दिहल गइल बा।

नेपाल के बहुत लोग दिल्ली में काम करेले। दशहरा के त्योहार में घरे जाए खातिर उऽ दिल्ली के कश्मीरी गेट से नेपाल के धनगढ़ी खातिर नेपाल के निजी बस में सवार हो गइले। कश्मीरी गेट से रात 8 बजे बस रवाना हो गइले।

एतवार के सबेरे 6 बजे खुटार पूरनपुर रोड पs कजरा जंगल में सामने से आवत बस आ ट्रक के बीच टक्कर हो गइल। हादसा के बाद मौका पs आक्रोश मच गइल। सूचना मिलला के बाद पुलिस मौका पs पहुंच के घायल लोग के बस से निकाल के दु एम्बुलेंस के माध्यम से सीएचसी भेज देलस।

दुर्घटना में ट्रक चालक बिलाल, नेपाल के कैलाली खेती गांव निवासी बस चालक नरेश, छन्ना के बस यात्री भूमि, बैचूरी पूजाहाट के संदेव सिंह, मुरादाबाद के ताहरपुर के मोहम्मद कैफ, गणेश, पूजाहाट के हरीश, दीपेन देव सिन्हा के सुखत पुलिस चौकी क्षेत्र , वीरेन देव सिन्हा, तारानगर के पारू देवी, त्रिवेणी नगर के मीना कुमारी, कैलाली के धन बहादुर धामी, तारानगर के नीतीश के सीएचसी में भर्ती करावल गइल।

बस चालक नरेश के रेफर कर दिहल गइल बा। उनका इलाज खातिर नेपाल ले जाए खातिर उनकर परिवार के लोग आवत बाड़े। तहारपुर के राजेश, सन बहादुर, राजनारायण धामी, बम बहादुर राय, विकास राय, रामचंद्र सिन्हा, लाल सिंह जे मामूली घायल भइल बाड़े, उऽ लोग दोसरा गाड़ी से घरे चल गइल बाड़े। अबहीं तक कवनो यात्री कवनो शिकायत नइखन दर्ज करवले

Tags :
Advertisement