टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UP News: युवक 30 मिनट तक जमीन में दफन रहल, जानवर के चलते जिंदा निकलल...बाकी हो गइल ई हाल

01:15 PM Aug 03, 2024 IST | Khabar Editor
Advertisement

आगरा में एगो युवक के गला रेत के हत्या के कोशिश कइल गइल। आरोपी ओकरा के मरल मान के जमीन में दफना दिहलस। बाकी 30 मिनट बाद जानवर के चलते ऊ जमीन से जिंदा निकल गइल। बाकी एकरा बाद ओकर हालत बहुत गंभीर बा। ऊ ठीक से बोले तक नइखे ।

Advertisement

आगरा के अरतौनी के जंगल में गड्ढा खोद के रूपकिशोर (24 साल) के दफना दिहल गइल। करीब 30 मिनट बाद ऊ जानवर के नोचे पs बाहर आइल। पुलिस 13 दिन बाद मामला के दर्ज कs लेलस। अभी तक आरोपी के खिलाफ कड़ा कार्रवाई ना भइला से परिवार के लोग नाराज बाड़े। दूसर ओर एसीपी हरिपर्वत आदित्य सिंह स्टेशन प्रभारी से सफाई मंगले बाड़े।

घटना 18 जुलाई के हs। गाँव के अंकित, गौरव, करण आ आकाश रूपकिशोर के जंगल में ले गइले आ ओकरा के मार दिहल गइल। एकरा बाद ओकरा के एगो गड्ढा में दफना दिहल गइल। रूपकिशोर शुक्रवार के अस्पताल से घरे आइल। बाकी, ऊ ठीक से बोले में सक्षम नइखे। इशारा से ही बतावे में सक्षम बा। अब कहल जाता कि 3 लोग अउरी बा।

परिवार के लोग के कहनाम बा कि आरोपी के खिलाफ कड़ा कार्रवाई होखे के चाही। डीसीपी सिटी सूरज राय कहले कि मामला दर्ज करे में देरी, आरोपी के खिलाफ कार्रवाई आ 15 से चलत जांच के बारे में जानकारी लिहल गइल बा। लापरवाही के खिलाफ कार्रवाई होई।

Tags :
Agra Newsattempt to murderBhojpuri khabarkhabar bhojpuri officialuttarpradesh crime news
Advertisement
Next Article