For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

UP News: जामा मस्जिद के सीढ़ी के नीचे श्रीकृष्ण विग्रह के मामिला, अब एह तारीख के केस में सुनवाई

01:13 PM Aug 13, 2024 IST | Raj Nandani
up news  जामा मस्जिद के सीढ़ी के नीचे  श्रीकृष्ण विग्रह के मामिला  अब एह तारीख के केस में सुनवाई
Advertisement

आगरा के जामा मस्जिद के सीढ़ी के नीचे श्रीकृष्ण विग्रह के मौजूदगी के मामिला में सोमवार के कोर्ट में सुनवाई भइल। कोर्ट ए मामिला में सुनवाई के अगिला तारीख 28 अगस्त के तय कइले बिया।

Advertisement

उत्तर प्रदेश के आगरा में लघु कारण न्यायालय में लंबित श्री कृष्ण जन्मभूमि संरक्षित सेवा ट्रस्ट आदि बनाम उत्तर प्रदेश सुन्नी केंद्रीय वक्फ बोर्ड आदि के मामला में सोमवार के सुनवाई भइल। भारत के पुरातत्व सर्वेक्षण एकरा से पहिले आपत्ति जतवले रहे। एकरा बाद कोर्ट सुनवाई खातीर 28 अगस्त तय कs देलस।

श्री कृष्ण विग्रह मामला में जामा मस्जिद के सीढ़ी के जीआरपी सर्वे खातिर दिहल आवेदन अभी तक कोर्ट में विचाराधीन बा। सोमवार के सुनवाई के दौरान विपक्षी पुरातत्व विभाग आ वादी के वकील के बीच न्यायक्षेत्र के बिंदु पs बहस भइल।

कोर्ट वादी के आवेदन के संगे-संगे शिकायत में संशोधन के आदेश, 6 नियम आ 17 सिविल प्रक्रिया के स्वीकार कs लेलस। अब भारत के पुरातत्व सर्वेक्षण, भारत सरकार के संस्कृति मंत्रालय आ जामा मस्जिद के व्यवस्था समिति ए मामला में विपक्षी दल बन गइल बा।

Tags :
Advertisement