टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UP News: प्रेमिका ओकरा के बाइक खातिर छोड़ के चल गइल, फेर प्रेमी एतना गाड़ी चोरा लेलस; पुलिस तक देख के हैरान हो गइल

12:09 PM Aug 16, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

मथुरा में प्रेमिका के खातिर एगो प्रेमी 25 बाइक चोरा लिहलस। पुलिस आ स्वाट टीम ओकरा के गिरफ्तार कs लेलस। आरोपी बतवलख कि ओकरा लगे बाइक ना रहे, जवना के चलते ओकर प्रेमिका ओकरा के छोड़ के चल गइल रहली।

Advertisement

मथुरा के वृंदावन थाना के पुलिस आ स्वाट टीम मंगलवार के एगो शातिर वाहन चोर के गिरफ्तार कs लेले बिया। ओकरा लगे से 25 चोरी के बाइक बरामद भइल बा।

पुलिस पूछताछ के दौरान सोझा आइल बा कि ओकर एगो प्रेमिका रहे आ ओकरा लगे ओकरा के घुमावे खातीर बाइक ना रहे। एही पर ओकर प्रेमिका ओकरा के छोड़ के चल गइल। तनाव में पहिले नशा के लत लाग गइल आ फेर लोग के बाइक चोरी करे लागल। प्रेमिका के दिखावे खातिर ऊ रोज बाइक बदल के ओकरा सोझा जात रहे। बढ़िया पईसा मिलला के बाद ऊ अलीगढ़-हथरस के ग्रामीण इलाका के लोग के बाइक बेचत रहे।

इंस्पेक्टर रवि त्यागी बतवले कि हाल ही में वृंदावन से दु बाइक चोरी भइल बा। पुलिस ओ लोग के खोज में व्यस्त रहे। जांच के दौरान पीरीगढ़ी, राया निवासी राहुल सिंह के नाम सामने आइल। मंगलवार के कान्हा मखान जाए के रास्ता में रुक्मिणी विहार गोल चक्कर के नजदीक ओकर लोकेशन मिलल।

एकरा पs स्वाट टीम के प्रभारी अभय कुमार शर्मा के मदद से उहाँ से पकड़ा गइल। पूछताछ में ऊ गाड़ी चोरी के घटना करे के बात कबूल कइलख । आरोपी के लगे से बरामद बाइक अलीगढ़, मथुरा, हाथरस, हरियाणा नंबर के बा। पुलिस आरोपी के जेल भेज देले बिया। गिरफ्तारी आ बरामदगी में 20 पुलिसकर्मी के टीम शामिल रहे।

Tags :
atrangi khabaratrangi newsBhojpuri khabarkhabarBhojpuriOfficialuttarpradesh news
Advertisement
Next Article