For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

UP News: मंदिर में पुजारी शिवमनाथ बन के रहत रहे सनव्वर हुसैन

03:49 PM Sep 11, 2024 IST | Sonu Kishor
up news  मंदिर में पुजारी शिवमनाथ बन के रहत रहे सनव्वर हुसैन
पुजारी शिवमनाथ बन के रहत पकड़ा गइल सनव्वर हुसैन
Advertisement

गांव के लोग शेरकोट इलाका के गाँव तिपरजोत में पुजारी के रूप में रहे वाला मुस्लिम आदमी के पर्दाफाश कइले। सनव्वर हुसैन मंदिर में पुजारी शिवमानाथ के रूप में रहत रहले। जब लोग उनकर आईडी देखल तऽ सभे अचरज में पड़ गइल।

Advertisement

गांव के मुखिया पति नत्थु सिंह, चमन सिंह, गोलू, रामूतर सिंह, बंटी, मेघराज सिंह आदि बतवले कि पछिला छह महीना से पुजारी शिवमानाथ अपना गांव में इस्थित शिव मंदिर में केसर के वस्त्र पहिन के रहत रहले। हाल ही में गांव के लोग के ओकरा पs शक हो गइल, एहसे गांव के लोग उनका से आपन आईडी देखावे के कहले। पहिले तऽ उ फरार होत रहले, बाकिर जब गांव के लोग कड़ा कार्रवाई कइले तऽ आधार कार्ड प उनकर नाम अफसर अली के बेटा सनववर हुसैन लिखल रहे। इ देख के गांव के लोग अचरज में पड़ गइले। सूचना मिलते सोमार के देर सांझ पुलिस गांव पहुंचल आ ओकरा के पकड़ के थाना ले गइल।

नगीना समेत कई जगह के मंदिर में रह चुकल बा

अपर पुलिस अधीक्षक पूर्वी धरम सिंह बतवले कि अबही तक जांच में आरोपी बतवले बाड़े कि उऽ रामपुर जिला के स्वर थाना के गांव मसवासी निवासी अफसर अली के बेटा समववर हुसैन हउवे। उनकर कहनाम बा कि साल 2018 में उऽ मुस्लिम धर्म छोड़ के हिन्दू धर्म अपना लेले। उ नगीना समेत कई जगहा मंदिर में रह चुकल बाड़े। छह महीना ले उऽ एह मंदिर में पुजारी के रूप में रहले। उनका से मिलल आधार में उनकर नाम सनववर हुसैन, पिता के नाम अफसर अली, पता कुंडा, जिला उधम सिंह नगर, उत्तराखंड लिखल बा। पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया

कहीं मजार पऽ नमाज, तऽ कहीं मंदिर में काम करे के फोटो

गांव के लोग बतवले कि पुजारी बनल सनववर से अइसन बहुत फोटो मिलल बा, जवना में उऽ कबो-कबो कब्र प खड़ा होके नमाज पढ़ावतारे। कुछ जगहा केसरिया के वस्त्र पहिन के मंदिरन में काम करत लउकत बाड़न। आरोपी एकरा से पहिले गांव नागरपुर खड़कसेन आ नगीना इलाका के बहुत मंदिर में पुजारी के काम करत रहले।

मंदिर में पुजारी के अनुमति ना दिही : गांव के लोग

गांव के लोग के कहनाम बा कि जदी आरोपी हिन्दू  बन के रहत रह तऽ उनका लोग के कवनो दिक्कत नइखे। बाकिर एह तरह से ओह लोग के मंदिरन में पुजारी के रूप में ना रहे दिहल जाई।

Tags :
Advertisement