टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UP News: छात्रा के अश्लील वीडियो भइल वायरल, प्रधानाध्यापक समेत दू गो शिक्षक निलंबित

04:06 PM Aug 21, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज जिला के एगो कम्पोजिल स्कूल में पढ़त एगो छात्रा के अश्लील वीडियो सोशल मीडिया पर वायरल हो गइल। अब प्रभारी हेडमास्टर दिनेश कुमार आ सहायक शिक्षक सागर सिंह के वीडियो बनावे आ प्रसारण का चलते निलंबित कऽ दिहल गइल बा। साथही निर्देश जारी कइल गइल बा कि 15 दिन का भीतर ओह लोग के आपन पक्ष पेश करे के पड़ी।

Advertisement

कम्पोजिल स्कूल नया के पुरा में पढ़त आठवीं कक्षा के छात्रा के अश्लील वीडियो बनावे आ प्रसारित करे का आरोप में प्रभारी हेडमास्टर दिनेश कुमार आ सहायक शिक्षक सागर सिंह के निलंबित कर दिहल गइल बा। दुनों जने के 15 दिन में मामला के जांच करेवाला प्रखंड शिक्षा अधिकारी सोरांव के सोझा आपन पक्ष पेश करे के होई।

आरोप रहे कि सहायक शिक्षक सागर सिंह सरयमरेज थाना क्षेत्र के कम्पोजिल स्कूल नया का पुरा के छात्रा के संगे अश्लील काम कइले। छात्रा जब इ बात अपना परिवार के लोग के बतवली तऽ प्रखंड शिक्षा अधिकारी प्रतापपुर समेत उच्च अधिकारी के शिकायत भइल। बतावल जाता कि प्रभारी हेडमास्टर दिनेश कुमार छात्रा के घरे जाके उनुका संगे भइल बतकही के वीडियो बना के सर्कुलर कऽ देले। एकरा चलते मामला चर्चा में आ गइल।

इहाँ उक्त मामला में प्रभारी हेडमास्टर के कहनाम बा कि उऽ जवन वीडियो बनवले रहले उहो शिक्षक पs दबाव बनावे खातिर रहे। सागर सिंह छात्रा के घरे जाके ओकर बयान वीडियो में रिकॉर्ड क के प्रसारण कइले।

दूसर ओर सागर सिंह इहो कहले कि पूरा घटना के पीछे आपसी विवाद बा। बीएसए प्रवीण कुमार तिवारी के कहनाम बा कि शिक्षकन के बीच आपसी मतभेद का चलते घटना बढ़ गइल बाम जवना से विभाग के छवि कलंकित हो गइल बा। अब मामला के जांच प्रखंड शिक्षा अधिकारी सोरांव के सौंपल गइल बा। जांच में पूरा इस्थिति साफ हो जाई।

Tags :
khabar bhojpuri khabar bhojpuri newsParyag Rajparyag Raj newsuttar pradesh newsviral video
Advertisement
Next Article