टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UP News: ट्रेन में सफर करे वाला यात्रियन के निशाना बनावत रहे महिला के ई गैंग, जीआरपी  फुटेज के मदद से पकड़लस 

10:09 AM Jun 22, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

UP Crime news: स्टेशन पs रेकी कइला के बाद चोरी करत रहे महिला सन के ई गैंग, जवन पकड़ा गइल बा। हरदोई निवासी युवक के जेब से रेलवे जंक्शन पs रूपिया चोरी कइल गइल रहे। जेकरा बाद जीआरपी सीसीटीवी फुटेज चेक कइले रहे। एकनी के लगे से चोरी के सामान बरामद कइल गइल बा। जीआरपी के आरोपितन के लगे से चोरी का मोबाइल मिलल बा।

Advertisement

ट्रेनों, रेलवे स्टेशनों आ रेलवे परिसर में यात्रियन के रेकी कऽ के भीड़ के फायदा उठाके पर्स, मोबाइल आ रुपये चोरी करे वाला गैंग के शुक के जीआरपी पकड़ लेलस। दु गो महिला आ एगो युवक मिलके जंक्शन पs अक्सर यात्रियन के निशाना बनावत रहले।

उत्तर रेलवे के बरेली जंक्शन पs मुगलसराय एक्सप्रेस से बरेली आइल एगो एक युवक के जेब से 2300 रूपिया चोरी हो गइल। युवक शक के आधार पs  दु गो महिला के पकड़ लेलस।

हरदोई जिला के शाहबाद के निवासी मोहीद अहमद के कहनाम रहे कि रेलवे स्टेशन पs एस्केलेटर के लगे ओकरा पीछे दु गो महिला लाग गइली आ उहे लोग चोरी कइले बा। खुद के फंसत देख के महिला रूपिया वापस कऽ देलस। एने जीआरपी सक्रियता दिखवलस तऽ एकरा बाद उऽ प्राथमिकी पंजीकृत करावे से इनकार कऽ देलस।

सीसीटीवी से मिलल सुराग

चोरी के मामला जीआरपी के जानकारी में पहुंचल तऽ उऽ सीसीटीवी फुटेज चेक कइलस, जवना में दु महिला आ एगो मरद रेकी कऽ के चोरी करत लउकले। एकरा बाद जीआरपी टीम चेकिंग कइल शुरू कऽ देलस। चेकिंग के दौरान लता, निशा निवासी स्टेशन परिसर आ अभिषेक राठौर निवासी ग्राम लाड़पुर थाना भोजीपुरा के पकड़कर पूछताछ कइलस। आरोपितन के लगे पूर्व में चोरी कइल गइल मोबाइल बरामद कइल गइल।

घुमंतू प्रकार के हऽ इ गैंग

जीआरपी इंस्पेक्टर अजीत प्रताप सिंह ने बतवले कि घुमंतू प्रकार के इ गैंग अक्सर महिला भा परिवार के साथे चले वालन लोगन के चिन्हित कऽ के उनकर पीछा करत रहले। भीड़ के फायदा उठाके उनका लगे से मोबाइल, छोट बैग, नगदी, गहना आदि छोट सामान चोरी करत रहले। एकरा बाद ट्रेन में बइठ के दूसरका स्टेशन पs चल जात रहले।

Tags :
bareli newsKhabar Bhojpuri Newsrailway policerailway stationup news
Advertisement
Next Article