टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UP News: यूपी में होमगार्ड जवानन के भोजन भता में जबरदस्‍त बढ़ोतरी, योगी कैब‍िनेट प्रस्‍ताव के देलस स्वीकृति 

03:40 PM Mar 06, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Up news: उत्तर प्रदेश शासन होमगार्ड जवानन के भोजन भत्ता बढ़ावे के निर्णय कइले बा। सीएम योगी के निर्देश पऽ कैबिनेट होमगार्ड जवानन के भोजन भत्ता 30 रुपए से बढ़ा के 120 रुपए करे जाए के प्रस्ताव के स्वीकृति देले। होमगार्ड मुख्यालय ने ई प्रस्ताव शासन के भेजल गइल रहें आ एकरा खातिर लगातार पैरवी कइल जात रहें।

Advertisement

होमगार्ड जवानन के ड्यूटी खातिर एक जिला से दूसरका जिला में भेजला पऽ अबले ड्यूटी भता के भुगतान के साथे प्रतिदिन भोजन भत्ता के रूप में 30 रूपिया देवे के व्यवस्था रहें। अब उऽ रोज भोजन भत्ता के रूप में 120 रुपये के भुगतान होई। होमगार्ड मुख्यालय ई प्रस्ताव शासन के भेजले रहें आ एकरा खातिर लगातार पैरवी कइल जा रहल बा।

किसानन के निजी नलकूपन से सिंचाई खातिर मुफ्त बिजली

विधान सभा चुनाव के दौरान भाजपा के लोक कल्याण संकल्प पत्र में कइल गइल वादा के पूरा करत योगी सरकार किसानन के निजी नलकूपन से सिंचाई खातिर मुफ्त बिजली देवे के निर्णय कइलस। मंगर के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के अध्यक्षता में उनकर सरकारी आवास पऽ भइल कैबिनेट बइठक में ई फैसला भइल।

राज्य सरकार के ए निर्णय से प्रदेश के ग्रामीण आ नगरीय क्षेत्रन के कुल 14,78,188 नलकूपन से सिंचाई करे वाला लगभग डेढ़ करोड़ किसानन के फायदा होई। ए किसान लो के निजी नलकूपन से सिंचाई खातिर इस्तेमाल कइल गइल बिजली के बिल में पहिले अप्रैल 2023 से शत-प्रतिशत छूट दिहल जाई।

Tags :
Aditya nath YogiBjpCm Uttar PradeshCM Yogi Aditaynathcm yogi gorakhpurfarmer newsHome guardUP BJPup policeUttar Pradesh
Advertisement
Next Article