यूपी पुलिस भरती के रिजल्ट जारी: 60 हजार भरती खातिर 50 लाख अभ्यर्थी देले रहे लो परीक्षा, अइसे देखीं रिजल्ट
यूपी पुलिस भरती के रिजल्ट आ गइल बा। अभ्यर्थी उत्तर प्रदेश पुलिस भरती आ प्रोन्नति बोर्ड के ऑफिशियल वेबसाइट (http://uppbpb.gov.in) पs जाके रिजल्ट देख सकत बा लो। 60244 पदन खातिर 50 लाख अभ्यर्थी परीक्षा देले रहे लो। 1,74,316 अभ्यर्थियन के फिजिकल टेस्ट खातिर बोलावल गइल बा। माने वैकेंसी के तीन गुना अभ्यर्थी लिखित परीक्षा में पास भइल बा लो।
चउकावे वाला बात ई बा कि ईडब्लूएस के कटऑफ ओबीसी से नीचे आ गइल। EWS में लइकन के 187 आ लईकियन के कटऑफ 180 गइल बा। जबकि OBC में लईकन के 198 आ लईकियन के कटऑफ 189 गइल बा।
ओहिजा, जनरल वर्ग में लईकन के 214 आ लईकियन के 203 कटऑफ गइल। SC वर्ग में लईकन के 178, लईकियन के 169 कटऑफ गइल बा। ST वर्ग में लईकन के 146, लईकियन के 136 नंबर गइल बा।
अइसे चेक करीं रिजल्ट
- सबसे पहिले यूपी पुलिस भरती बोर्ड के आधिकारिक वेबसाइट uppbpb.gov.in पs जाईं।
- एकरा बाद अभ्यर्थी “कॉन्स्टेबल भरती 2024 रिजल्ट” के लिंक पs क्लिक करीं।
- आपन पंजीकरण नंबर आ जन्मतिथि दर्ज करीं
- एकरा बाद अभ्यर्थी के रिजल्ट स्क्रीन पs लउक जाई।
पुलिस भरती प्रक्रिया के विज्ञप्ति अक्टूबर, 2023 में निकलल रहे। एकरा खातिर पहिले फरवरी में परीक्षा भइल, बाकिर पेपर लीक होखला के कारण परीक्षा दोबारा करावे के पड़ल। एह परीक्षा में 150 सवाल पूछल गइल रहे। हर सवाल के दुगो नंबर तय रहे। माने कुल 300 नंबरन के परीक्षा भइल रहे। माइनस मार्किंगो रहे। हर गलत सवाल पs 0.25 नंबर काटल गइल।
जे अभ्यर्थी परीक्षा में सफल गइल रहे। उनका के नजदीकी जोनल मुख्यालय पs फिजिकल टेस्ट (दउड़ आ आउर फिजिकल मापदंड) होई। एकरा बाद अभ्यर्थियन के डॉक्यूमेंट्स वैरिफिकेशन होई। एकरा बाद फाइनल रिजल्ट बनी।