टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सीएम योगी आदित्यनाथ के बम से उड़ावे के धमकी, आरोपी के तलाश में जुटल पुलिस

10:30 AM Mar 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के बम से उड़ावे के धमकी दिहल गइल बा। हैरानी के बात इs बा कि सीएम योगी के बारे में चीफ कांस्टेबल के फोन कs के अयीसन धमकी दिहल गईल बा। एs धमकी के बाद केंद्रीय अंचल के महानगर थाना में मामिला दर्ज हो गईल बा। मामिला के गंभीरता के देखत यूपी पुलिस आरोपी के तलाश शुरू कs देले बिया। धमकी देवे वाला के मोबाइल फोन के पुलिस निगरानी सेल के मदद से पता लगावतिया।

Advertisement

मुख्य आरक्षी उठवले रहले कॉल

अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक 2 मार्च के सीयूजी नंबर पs सीएम योगी के धमकी देवे वाला फोन कईल गईल रहे।ई फोन हेड कांस्टेबल उठा लिहले। मुख्य कांस्टेबल के फोन करेवाला बतवले कि आजु उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के बम से उड़ा दिहल जाई। एकरा बाद सुरक्षा मुख्यालय में तैनात मुख्य सिपाही के शिकायत पs केंद्रीय अंचल के महानगर थाना में मामिला दर्ज भईल बा।

पुलिस आरोपी के तलाश में जुटल

अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक, जसही चीफ कांस्टेबल पूछले कि उs कहां से फोन करत बाने, तुरंत फोन कट गईल। एकरा बाद महानगर थाना के सुरक्षा मुख्यालय में तैनात सिपाही उधम सिंह के ओर से मामिला दर्ज भईल। एही बीच आरोपी के तलाशी खातीर चार पुलिस टीम के तैनात कईल गईल बा। सर्विलांस सेल के मदद से धमकी देवे वाला के मोबाइल फोन के पता लगावल जाता।

साभार- इंडिया tv

 

 

 

Tags :
Bomb ThreatCm Yogi aditynathpoliticsup policeyogi adityanath
Advertisement
Next Article