टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अंतिम संस्कार में पहुंचल यूपी पुलिस जरत चिता से निकललस शव...

10:11 AM Sep 14, 2024 IST | Sonu Kishor
पुलिस जरत चिता से निकललस शव
Advertisement

बियाहल महिला के शुक के सबेरे आगरा के इदगाह में संदिग्ध परिस्थिति में मौत हो गइल। मरेवाला के माता-पिता के पहुंचे से पहिले ससुराल के लोग अंतिम संस्कार खाती लाश के लेके चल गइले। अभिभावक पुलिस के सूचना देले। पुलिस दाह संस्कार स्थल पs पहुंच के लाश के चिता से निकाल के पोस्टमार्टम खाती भेज देलस। मातृ पक्ष के ओर से पति अवुरी सास के खिलाफ दहेज से मौत के आरोप लगा के मुकदमा दर्ज करावल गइल बा।

Advertisement

इदगाह निवासी कविता (24) के बियाह अनुज से दु साल पहिले भइल रहे। अनुज पेशे से हलवाई हवें। उनकर एगो 1 साल के बेटी बिया। उ किराया के घर में रहत रहले। परिजन पुलिस के बतवले कि शुक के सबेरे कविता के ससुराल के लोग फोन कइले। बतावल गइल कि बेटी के मौत हो गइल बा। घरे पहुंचे से पहिले ही उनकर ससुराल अंतिम संस्कार खातिर लाश लेके चल गइले।

परिवार के लोग ऑटो से आवत रहले। भाई सुमनेश पुलिस के सूचना देले। बतावल गइल कि बहिन के हत्या कर दिहल गइल बा आ ओकर लाश जरावल जाता। एकरा पs पुलिस पहुंचल। ताजगंज के दाह संस्कार स्थल में अंतिम संस्कार खातिर जरावल गइल रहे। पुलिस लाश के चिता से निकाल के पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस। एसीपी सदर डॉ. सुकन्या शर्मा बतवली कि मरेवाली के माता-पिता उनका पति आ सास के खिलाफ दहेज के चलते मौत के आरोप लगावत शिकायत दर्ज करवले बाड़े। ओकरा खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल बा। सबूत संकलन के ओकरा आधार पs कार्रवाई कइल जाई।

Tags :
big breaking newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsLaw and OrderNoida Newsup policeUp Police News
Advertisement
Next Article