टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UP Politics: ओलंपिक पदक विजेता विजेंद्र सिंह यूपी के ए हॉट सीट से लड़ीहे चुनाव, गठबंधन में कांग्रेस के खाता में आइल सीट..

04:46 PM Mar 30, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Up poltics: मुक्केबाज विजेंदर सिंह के कांग्रेस मथुरा से बनाई प्रत्याशी। विजेंदर सिंह ने ओलंपिक में भारत के प्रतिनिधित्व कइले बाड़े आ पदक जीतले। हरियाणा के भिवानी के रहे वाला विजेंदर मथुरा से चुनाव लड़े खातिर उत्साहित बाड़े। शुक के उऽ अपना एक्स अकाउंट पऽ राधे-राधे लिख के एकर संकेत देले। शनिचर के उऽ फिर एक्स पऽ लिखले कि जनता जहां से चाहीं हम तइयार बानी।

Advertisement

फिल्म अभिनेत्री आ सांसद हेमा मालिनी के मुकाबला कांग्रेस दमदार चेहरा के रूप में अंतरराष्ट्रीय मुक्केबाज विजेंदर सिंह पऽ दांव लगाई। केंद्रीय चुनाव कमेटी  विजेंदर सिंह के मथुरा से लोकसभा चुनाव में कांग्रेस प्रत्याशी के रूप में नाम लगभग तय कर लेले बिया। आज देर रात ले एकर घोषणा हो सकत बा।

भाजपा से तीसरका बेर मैदान में हेमा मालिनी

भाजपा तीसरा बेर मथुरा से हेमा मालिनी के प्रत्याशी बनवले बिया। सपा-कांग्रेस गठबंधन से ई सीट कांग्रेस के खाता में आइल बा। अइसे में कांग्रेस हेमा मालिनी के मुकाबला में स्टार उतारे के तैयारी में बिया। मुक्केबाज विजेंदर सिंह के नाम लगभग तय कर दिहल गइल बा।

विजेंदर मथुरा से चुनाव लड़े खातिर तइयार बाड़े। शनिचर के उनका के कांग्रेस आलाकमान से हरिहर झंडो मिल गइल। कांग्रेस जिलाध्यक्ष भगवान सिंह वर्मा बतवले कि विजेंदर सिंह के नाम मथुरा से प्रत्याशी के रूप में तय कर दिहल गइल बा। शनिचर के रात भा फेर ऐतवार के उनका नाम के अधिकारी रूप से घोषणा कऽ दिहल जाई।

Tags :
2024 electionBhojpuriBhojpuri NewsBijendra SinghBjp Uttar PradeshCongress CandidateCongress Uttar PradeshHema MaliniKhabar bhojpuriKhabar Bhojpuri NewsLoksabha chunavLoksabha Elections 2024MathuraPoltics NewsSamajwadi PartyUp chunavUp POLTICSUttar Pradesh chunavuttar pradesh newsUttar Pradesh poltics
Advertisement
Next Article