टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UP Rains: मौसम विभाग के नया भविष्यवाणी, यूपी में तीन दिन ले बरखा आंधी- तूफान, खातीर जारी भइल अलर्ट

07:39 AM May 23, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

यूपी में बरखा : यूपी में आजकल आसमान से आग बरसत बा। लोग गरमी से त्रस्त बा। बेहद गरमी पिछला 5 साल के रिकार्ड तोड़ देले बा। कई जिला में पारा के तापमान 48 डिग्री के आसपास पहुँच गइल बा। चुनावी उमंग के बीच मौसम के गरमी भारी होखता। एही बीच मौसम विभाग पूर्वी यूपी के जिला में अगिला तीन दिन ले गरज अवुरी बरखा के अलर्ट जारी कईले बा। जबकि पश्चिमी यूपी में गरम हवा बही।

यूपी में एह साल के गरमी पिछला पांच साल के रिकार्ड तूड़ देले बा। साल 2019 के बाद 2024 में मई महीना एतना गरम रहल बा। हैरानी के बात इs बा कि राज्य के अधिकतम तापमान 48 डिग्री सेल्सियस ले पहुंच गईल बा। न्यूनतम तापमान 32 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल। दुनों तापमान अपना सामान्य डिग्री सेल्सियस से पांच से छह डिग्री सेल्सियस अधिका बा। अइसना में सब केहू जानल चाहत बा कि गरमी से कब राहत मिली? मौसम विभाग पूर्वी यूपी के जिला में तीन दिन ले बरखा आ गरज के अंदाजा लगवले बा। जवना के चलते पूर्वी यूपी में गरमी से कुछ राहत मिले के उम्मीद बा। बाकिर पश्चिमी यूपी में मौसम के हालात बरकरार रही. पूर्वी यूपी में पश्चिमी गड़बड़ी के चलते मौसम विभाग आज से 3 दिन ले गरज अउरी बरखा के अलर्ट जारी कईले बा।

यूपी में अधिकतम तापमान 48 डिग्री के आसपास पहुंच गईल बा। जहां बाराबंकी, हरदोई, कानपुर शहर, कानपुर देहात, लखीमपुर खेरी, गोरखपुर अवुरी वाराणसी समेत बलिया बलिया चुर्क, बहराइच अवुरी प्रयागराज में अधिकतम तापमान 42 से 45 डिग्री के बीच दर्ज भईल। जबकि न्यूनतम तापमान 28 से 30 डिग्री के बीच रहे। फतेहपुर बांदा, सुल्तानपुर, फैजाबाद, फुरसतगंज, गाजीपुर, फतेहगढ़, बस्ती, झांसी, उरई आ हमीरपुर में तापमान 42 से 46 डिग्री के आसपास रहल। जबकि न्यूनतम तापमान 30 से 32 डिग्री के आसपास रहल बा।

एह जिलन में तीन दिन ले आंधी, तूफान, बरखा के अलर्ट

बलिया, आजमगढ़, मऊ,देवरिया, कुशीनगर, गोरखपुर, महाराजगंज, बहराइच, बलरामपुर, श्रावस्ती, गोंडा, वाराणसी,चंदौली, जौनपुर, गाजीपुर,बस्ती,संत कबीर नगर, सिद्धार्थनगर, बस्ती,अम्बेडकर नगर, अमेठी, बाराबंकी, सुल्तानपुर, अयोध्या जिले शामिल है।

 

 

Tags :
Meteorological DepartmentRain AlertStormUP Rainsweatherweather department alertआंधीतूफानबारिश के अलर्टमौसममौसम विभागमौसम विभाग अलर्ट
Advertisement
Next Article