टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Up : दुष्कर्म पीड़ित किशोरी डीजल छिड़क के खुद के लगवलख आग

10:44 AM Aug 29, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

बरेली के दुष्कर्म पीड़ित छात्रा एगो भयावह कदम उठा लेले बिया। आहत पीड़िता आत्महत्या कs लिहलस। आरोपी के गुंडागर्दी के चलते परिवार चुप रहल। दू गो नाबालिग के खिलाफ रिपोर्ट दर्ज करावल गइल बा । एक के हिरासत में लिहल गइल बा।

Advertisement

बरेली के भोजीपुरा में दुष्कर्म पीड़ित कक्षा 9 के छात्रा आत्महत्या कs लेलस। आरोपी के गुंडागर्दी से डेरा के परिवार 26 अगस्त के भइल ए घटना के बारे में पुलिस से शिकायत करे के हिम्मत ना जुटा पवलस। ठीक अगिला दिने ए क्रूरता से आहत होके पीड़िता आत्महत्या कs लेलस। ओकरा बाद पिता प्राथमिकी दर्ज करवले।

पुलिस दू गो नाबालिग आरोपियन के खिलाफ रिपोर्ट दर्ज कर के एगो के हिरासत में ले लिहले बिया । भोजीपुरा इलाका के एगो गांव के निवासी किसान 26 अगस्त के अपना पत्नी के संगे जन्माष्टमी मनावे खातीर ससुराल गइल रहले। घर में उनकर खाली दू गो बेटी रहली। आरोप बा कि ओही दिन दुपहरिया में गांव के निवासी एगो साथी छात्र अपना ओही उमिर के दोस्त के संगे उनका घर में घुस गइल।

दुनों किसान के 14 साल के बेटी के घसीट के गन्ना के खेत में ले गइल। भोजीपुरा थाना में दर्ज रिपोर्ट के मुताबिक एक दोस्त लईकी के हाथ पकड़ले रहे आ दूसरा ओकरा संगे दुष्कर्म कइलख। जब लईकी चिलईलख तs बड़की बहिन मौका पs पहुंचली तs दुनो आरोपी भाग गइल।

डीजल के छिड़काव करके आग लगा लीहलस

मंगलवार के जब माता-पिता घरे लवटले तs बड़की बेटी पूरा घटना के बखान कईलख। किसान जब अपना भाई के आरोपी के घर भेज दिहलस तs उहाँ केहु ना मिलल। एकरा बाद किसान अपना पत्नी के संगे खेत में काम करे चल गइले।

दुपहरिया में छात्रा अपना शरीर पs डीजल छिड़क के आग लगा देलस। पता चलला के बाद पिता घर पहुंचले आ बेटी के शहर के एगो निजी अस्पताल ले गइले। ओहिजा से मेडिकल कॉलेज ले जाइल जात घरी लइकी के राह में मौत हो गइल ।

एक आरोपी के हिरासत में लेके पूछताछ कइल जाता। पोस्टमार्टम रिपोर्ट आ जांच में जवन सबूत सामने आई ओकरा आधार पs कार्रवाई कइल जाई। मुकेश चंद्र मिश्रा, सपा उत्तर के बा

जरला से मौत के कवनो पुष्टि ना, आंत सुरक्षित

भोजीपुरा में बलात्कार पीड़ित छात्रा के मौत के बाद बहुत सवाल अनुत्तरित बा, जवना के जवाब पुलिस के जांच में खोजे के होई। दुनो घटना के सूचना देवे में देरी आ पोस्टमार्टम रिपोर्ट में मौत के कारण साफ ना होखला के चलते मामला अझुरा गइल बा।

परिवार के लोग के मुताबिक जन्माष्टमी के दिन दुपहर में ओ लोग बेटी के संगे दुष्कर्म भइल। कानून के मुताबिक परिवार के लोग के तुरंत शिकायत करे के चाहत रहे, बाकी अगिला दिन ससुराल से लवटला के बाद भी छात्रा के पिता सिर्फ आरोपी के घरे जाके शिकायत कइले।

पुलिस से बिना शिकायत कइले कवनो कार्रवाई ना भइला पs नाराजगी में छात्र के आत्मदाह के खबर से बहुत सवाल उठता। मंगल के दिने दुपहरिया बारह बजे छात्रा आत्महत्या करे के कोशिश कइलस आ ओकर परिवार के लोग ओकरा के बिना पुलिस के सूचित कइले अस्पताल ले जात रहे।

12 घंटा बाद रात के 12 बजे ऊ अपना बेटी के दुष्कर्म आ ओकरा बाद आत्महत्या के बारे में पुलिस के जानकारी देले। पैनल के ओर से कइल गइल पोस्टमार्टम रिपोर्ट में छात्रा के 60 प्रतिशत जरे के पुष्टि भइल बाकी मौत के कारण साफ नइखे भइल। डाक्टरन के पैनल एह प्रक्रिया के पूरा कइलस।

आंत के जांच खातीर सुरक्षित राखल गइल। कवनो आशंका के देखत स्लाइड भी बनावल गइल। बतावल जाता कि जहरीला पदार्थ के सेवन के चलते मौत हो सकता आ बाद में लाश जरावल हो सकता, एकर संकेत भी मिलता। आंत के जांच के बाद ही स्थिति साफ हो जाई।

मुख्य आरोपी के संबंध में परेशानी

पुलिस एगो आरोपी के गिरफ्तार कs लेले बिया जवन कि कक्षा 8 के छात्र हs। पुलिस ओकरा के मुख्य आरोपी मानतिया, जबकि लईकी के परिवार के लोग फरार छात्रा के मुख्य आरोपी बतावत बाड़े। पुलिस जब दुनो लईकन के बारे में पूछताछ कईलस तs पाता चलल कि दुनो लईकन के कम उम्र से बिगड़ल बा।

ई बात सोझा आईल बा कि गिरफ्तार आरोपी के मोबाइल आपत्तिजनक बात से भरल मिलल बा। ओकरा परिवार के लोग के छवि दबंग बा। इहे कारण रहे कि मरेवाला के परिवार के लोग रिपोर्ट दाखिल करे में संकोच करत रहले। जबकि आरोपी पक्ष के एगो आदमी छात्रा के परिवार के लोग पs गंभीर आरोप लगवले।

Tags :
bareli newsBhojpuri NewsKhabar bhojpurimurder mysteryrape victims committee suicideuttarpradesh
Advertisement
Next Article