For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सीएम योगी आदित्यनाथ के निजी सचिव बताके करत रहे ठगी, STF कइलस गिरफ्तार

08:34 AM Sep 14, 2024 IST | Minee Upadhyay
सीएम योगी आदित्यनाथ के निजी सचिव बताके करत रहे ठगी  stf कइलस गिरफ्तार
मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ: फोटो
Advertisement

Advertisement

मुख्यमंत्री के निजी सचिव के नाटक कs के धोखा देवे वाला फारूक अमन के उत्तर प्रदेश पुलिस के स्पेशल कार्यबल (एसटीएफ) इहाँ के कामता तिराहे से गिरफ्तार कs लेले बा। एसटीएफ ई जानकारी बियफे के दिने दिहलस. एसटीएफ के ओर से जारी बयान में कहल गईल कि, राज्य के मुख्यमंत्री के निजी सचिव के रूप में धोखाधड़ी अवुरी ऑनलाइन जुआ चलावे वाला गिरोह के एगो प्रमुख सदस्य फारूक अमन के बियफ़ें के देर रात गिरफ्तार कs लिहल गईल। उनुकर संबंध एगो अइसन गिरोह से बा जवन प्रतियोगी परीक्षा पास करे खातिर पईसा लेवेला अवुरी ऑनलाइन जुआ चलावेला।

आरोपी फारूक अमन (26) आजमगढ़ के सहरियां गांव के रहे वाला हवे। उनुका लगे से दुगो मोबाइल फोन, आधार कार्ड, ‘वर्क प्रिंट आउट’ समेत बहुत दस्तावेज बरामद भईल बा। बयान में कहल गईल कि एसटीएफ के सूचना मिलता कि मुख्यमंत्री के निजी सचिव के रूप में एगो फर्जी व्हाट्सएप अकाउंट बनावल गईल बा, जवना में उच्च अधिकारी के सीयूजी नम्बर के जोड़ल गईल बा अवुरी अधिकारी के पैरवी करे खातीर लोग के पईसा लिहल जाता प्रतियोगी परीक्षा पास करे के पेशकश कइल जा रहल बा. ई काम संगठित तरीका से कइल गइल।

जांच के दौरान पता चलल कि अयीसन करेवाला गिरोह के नेता के मुख्य सहयोगी फारूक अमन लखनऊ में मौजूद बाड़े। एs जानकारी पs टीम बियफ़ें के देर रात कामता तिराहा अवध बस स्टैंड के नजदीक फारूक अमन के गिरफ्तार कs लेलस। गिरफ्तार आरोपी के खिलाफ साइबर अपराध आयुक्तालय, लखनऊ में भारतीय न्याय संहिता के संबंधित धारा अवुरी आईटी एक्ट के प्रावधान के तहत मामला दर्ज भईल बा। मामला में स्थानीय पुलिस के ओर से अग्रिम कानूनी कार्रवाई कईल जाता। बता दीं कि ई पहिला बेर नइखे कि कवनो राजनेता के अफसर के नाटक कs के ठगावल जा रहल बा. एकरा से पहिले भी अयीसन घटना सोझा आईल बा।

Tags :
Advertisement