टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UP Weather: यूपी में प्रचंड गर्मी से 33 की मौत... सबसे गरम रहा इ शहर; मौसम विभाग बतवलस कब से मिली राहत

12:11 PM Jun 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

उत्तर प्रदेश में प्रचंड गरमी से राहत नइखे मिल रहल बा। सनीचर के कानपुर देस में सबसे गरम रहल। कानपुर में दिन के तापमान 46.3 डिग्री रहल। 35.2 डिग्री सेल्सियस के संगे इहां के रातो देस में सबसे गरम रहल।

Advertisement

प्रदेश के जादेतर हिस्सा लू आ गरमी के चपेट में रहल। सनीचर के अलग-अलग क्षेत्रन में गरमी से 31 लोगन के मौत हो गइल। मौसम विभाग के मोताबिक, सोमार तक अइसने हालत रही। अतवार के पारा बढ़ला के अनुमान जतावल जा रहल बा।

18 से राहत संभव

मौसम विभाग केंद्र के वरिष्ठ वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह के मोताबिक, 18 जून के रात से एगो नया पश्चिमी विक्षोभ उत्तर पश्चिम भारत के प्रभावित कs सकत बा। 17 जून के बाद पूर्वी तराई क्षेत्र में बंगाल के खाड़ी से आवे वाली नम पुरवा हवा के प्रभाव से बादल छइला के आसार बा। संगही बरखा के संभावना बनल बा। अइसन में मौसम में कुछ सुधार से राहत मिल सकत बा।

कानपुर आ बुंदेलखंड में गरमी के चलते सनीचर के 20 लोगन के मौत हो गइल। एमे कानपुर में आठ, चित्रकूट में छव, महोबा में तीन आ बांदा आउर हमीरपुर में एक-एक व्यक्ति के मौत भइल बा। एकरा अलावे वाराणसी आउर आसपास गरमी से 14 लोगन के जान चल गइल। एमे वाराणसी में सात, बलिया में तीन, मिर्जापुर में दु आ गाजीपुर आउर सोनभद्र में एक-एक के व्यक्ति के जान गइल बा।

मानसून अपडेटः अगले चार-पांच दिन में आगे बढ़ेगा मानसून

आंचलिक मौसम विज्ञान केन्द्र के वरिष्ठ मौसम वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह सनीचर के मानसून अपडेट देत कहलें कि आगामी 4-5 दिनन के दौरान महाराष्ट्र, छत्तीसगढ़, ओडिशा, तटीय आंध्र प्रदेश आ उत्तर-पश्चिमी बंगाल के खाड़ी के कुछ आउर हिस्सन आ गंगीय पश्चिम बंगाल के कुछ हिस्सन, उप-हिमालयी पश्चिम बंगाल के शेष हिस्सन आ बिहार के कुछ हिस्सन में दक्षिण-पश्चिम मानसून आगे बढ़ सकत बा। एकरा खातिर परिस्थितिय अनुकूल बा। बिहार में आगे बढ़ला के बादे मानसून के उत्तर प्रदेश में आगे बढ़े के संबंध में इस्थिति स्पष्ट होई।

सबसे जादे गरम शहर आ तापमान

शहरअधिकतम तापमान
कानपुर46.3
हमीरपुर46.2
झांसी46.1
वाराणसी46.0
प्रयागराज46.0
आगरा45.5
उरई45.4
बाराबंकी45.4
Tags :
31 DiedBhojpuri NewsHeat Effectup newsUp weatherWeather Update
Advertisement
Next Article