टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UP Weather Today: चटक धूप बढ़वलस लोगन के मुश्‍किल, ए शहर में बारिश के साथ पड़ सकत बा ओला, जानी आज कइसन रही यूपी के मौसम

09:21 AM Apr 12, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

UP Weather Today Update अप्रैल के महीना आवते पारा ऊपर चढ़ गइल बा। नतीजा गर्मीयो अपना असर देखावे लागल आ चढ़त पारा के सहारा पसीना छोड़ावे लागल। हालांकि आज कुछ राहत मिले के उम्मीद बा। प्रदेश के कई गो हिस्सा में अलग-अलग तापमान दर्ज कइल जा रहल बा। यूपी के कई गो शहरन में गरज के साथे बूंदाबादीयो भइल बा।

Advertisement

UP Weather Today Update मौसम आपन तेवर देखावल शुरू कर देले बा। अप्रैल के महीना आवते पारा ऊपर चढ़े लागल बा। नतीजा गर्मी आपन असर देखावे लागल बा। चढ़ते पारा के सहारे पसीना छोड़ावे लागल है। हालांकि आज कुछ राहत मिले के उम्मीद बा।

आगरा: गर्मी से बिगड़ल पर्यटक के तबीयत

आगरा में गर्मी के वजह से बियफे के ताजमहल में पर्यटक के तबीयत बिगड़ गइल। पंजाब के फिरोजपुर से आइल कमलेश स्वामी के सेंट्रल टैंक पऽ उलटी होखे लागल। उनका के मे आइ हेल्प यू टीम स्मारक के बाहर पूर्वी गेट स्थित डिस्पेंसरी लेके आइल। इहाँ प्राथमिक उपचार के बाद उऽ स्वजन के साथ चल गइली।

रविवार के आंधी के साथे पड़ सकत बा ओला 

आगरा के पश्चिमी उप्र में विक्षोभ सक्रिय होखला से मौसम में बदलाव देखे के मिली। 14 अप्रैल (रविवार) के आंधी के साथे ओला पड़ सकत बा। 12 से 15 अप्रैल तक बादल घेरले रही। गरज के साथे बौछार आ बरखा हो सकत बा। बियफे के दिनभर घाम के तित तेवर पसीना छोड़वलस।

बियफे के भोरही से धूप निकलल। दिन चढ़ला के साथे तापमानो बढ़त चल गइल। मौसम विभाग के पूर्वानुमान बा कि शुक के बदरी छपल रहीं। एक भा दू बार गरजल के साथे बौछार भा बरखा हो सकत बा।

गोरखपुर में बदलल मौसम के रुख

गोरखपुर में तेजी से बढ़तल गर्मी के बियफे के तड़क कुछ देरे खातिर बाकिर आंधी के चुनौती मिलल। कुछ जगहीं पऽ आंधी के बाद बूंदाबांदी भइल तऽ कहीं ओलो पड़ल। हालांकि दिन के शुरुआत होखते कुछ देर ठहरला के बाद तापमान फिर से बढ़ चलल आ गर्मी अपना पहिले वाला स्वरूप में आ गइल। नतीजतन अधिकतम तापमान 40 के करीब यानी 39.6 डिग्री सेल्सियस रिकार्ड कइल गइल। मौसम में कुछ देर के खातिर बदलाव स्थानीय वायुमंडलीय परिस्थितियन के वजह से भइल, एहीसे एकर प्रभावो अलग-अलग तरीका से क्षेत्र विशेष तक सीमित रहल।

आज के मौसम गोरखपुर में बियफे के मौसम पूरा तरह से साफ रही। तापमान में बढ़ोतरी दर्ज कइल जाई। देवरिया आ बस्ती में छिटपुट बदरी छपले रहे के पूर्वानुमान बा।

Tags :
Gorakhpur WeatherGorkhpur newsKhabar Bhojpuri NewsSuhana Mausamuttar pradesh news
Advertisement
Next Article