For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

UP: बाइक के बैग के बंदर फड़लस तऽ ओमें से बिखर गइल अइसन चीज...देखे खातिर जुटल भीड़, बोलावे पड़ल पुलिस

08:32 AM Jul 21, 2024 IST | Sonu Kishor
up  बाइक के बैग के बंदर फड़लस तऽ ओमें से बिखर गइल अइसन चीज   देखे खातिर जुटल भीड़  बोलावे पड़ल पुलिस
Advertisement

आगरा कलेक्ट्रेट में बंदरन के बदमाशी सभकर होश उड़ा दिहलस। बानर इहां खड़ा बाइक के बैग फाड़ दिहले। एह बैग से अइसन ढक्कन निकलल कि देख के लोग अचरज में पड़ गइल. मौका पs पुलिस के बोलावल गईल। इ दक्कन शराब के बोतल के निकलल। पुलिस एह मामला में कार्रवाई करतिया।

Advertisement

गुरुवार के आगरा कलेक्ट्रेट में बानर बाइक पs राखल बैग के फाड़ देले। अंग्रेजी शराब के बोतल के ढक्कन देख के भीड़ जमा हो गइल। बाइक चालक भाग गइल। पुलिस केस दर्ज कऽ के अबकारी विभाग से ढक्कन सील करवा दिहलस।

गुरुवार के कलेक्टर परिसर में बाइक खड़ा रहे। एह दौरान बंदर ओकर झोरा फाड़ दिहले। ओकरा से अंग्रेजी दारू के ढक्कन गिरे लागल। बानर ओकरा से खेले लगले। दारू के ढक्कन देख के भीड़ आ पुलिस आ गइल। आबकारी विभाग के जानकारी दिहलस। आबकारी निरीक्षक आनंद कुमार सिंह 22 ढक्कन सील कइले।

उनकर कहनाम बा कि जांच के दौरान ढक्कन गैरकानूनी पावल गइल। बाइक सदाबाद के थरैरा निवासी नेत्रपाल के नाम पs बिया।

Tags :
Advertisement