For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

UPI Payment: गलत नंबर पs जदि हो जाए यूपीआई पेमेंट तऽ तुरंते करी इ काम, वापस मिल जाई पइसा

10:03 AM Feb 16, 2024 IST | Raj Nandani
upi payment  गलत नंबर पs जदि हो जाए यूपीआई पेमेंट तऽ तुरंते करी इ काम  वापस मिल जाई पइसा
Advertisement

UPI Payment: यूपीआई पेमेंट काफी आसान आ टाइम बचावे वाला बा, हालांकि कय बेरा गलती से कवनो दोसरा नंबर पs पमेंट हो जाला । एकरा के रउवा कइसे वापस ले सकत बानी आइ जाने के।

Advertisement

आजकल इ टेक्नोलॉजी के दौर में हर चीज काफी आसान हो गइलऽ बा, फिर चाहे उऽ केहू के पइसा भेजे के हो चाहे केहू से से पैसे लेवे के, चुटकीए में हर काम हो जाला।

यूपीआई के जरिए अब तमाम तरह के पेमेंट हो जलरे, माने चाय की टपरी से लेइsके टीवी के दुकान पs तक रउवा आसानी से पइसा दे सकत बानी ।

काहे की यूपीआई से काफी जल्दी पेमेंट हो जाला, अइसे में कए बेरा देखलऽ जाला कि कवनो गलत नंबर पs पैसे ट्रांसफर हो जाला।

अब जदि कवनो गलत नंबर पs रउवा पइसा ट्रांसफर कर देले बानी तs ओकरा से वापिस मांगलऽ दुस्वार हो जाला, लोग आसानी से वापस ट्रांजेक्शन ना करेले।

एह तरे होखला पs सबसे पहिले रउवा अपना यूपीआई ऐप पs जाइ आ उहवाँ कंप्लेंट रेज करी। इहाँ रउवा आपन ट्रांजेक्शन के प्रूफ देवे के होई । जांच के बाद रउवा के राउर पइसा वापस मिल जाई।

रउवा अपना बैंक के ब्रांच चाहे कस्टमर केयर पs फोनो करऽ सकत बानी। इहवों रउवा ट्रांजेक्शन के प्रूफ देवे के होई, रउवा नेशनल पेमेंट कॉरपोरेशन इंडिया यानी NPCI के वेबसाइट पs जाइ के आपन शिकायत दर्ज करा सकत बानी । इहवों से रउवा रिफंड मिलने के चांस बढ़ सकत बा।

Tags :
Advertisement