For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Kota news:गणेश चतुर्थी के बधाई संदेश डिलीट कइला पऽ हंगामा

03:38 PM Sep 09, 2024 IST | Sonu Kishor
kota news गणेश चतुर्थी के बधाई संदेश डिलीट कइला पऽ हंगामा
What's app image ( google)
Advertisement

राजस्थान के कोटा में एगो स्कूल के व्हाट्सएप ग्रुप से गणेश चतुर्थी के शुभकामना डिलीट कइल स्कूल प्रिंसिपल के महंगा पड़ गइल। खिसिआइल ग्रामीण स्कूल में जम के हंगामा कइले। बाद में ग्रामीण लो के शिकायत पs प्रिंसिपल के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल। मामला कोटा ग्रामीण के बपावर थाना के लटूरी गांव के हऽ।

Advertisement

जानकारी के मुताबिक, बपावर थाने के लटूरी गांव में शनिचर के जमके हंगामा भइल। मामला गणेश चतुर्थी पs भगवान गणपति के शुभकामना देवे के रहे। एह मामला में ग्रामीण स्कूल प्रिंसिपल पs शुभकामनाएं डिलीट करे के आरोप लगवले। इसके बाद स्कूल के बाहर हंगामा भइल आ स्कूल प्रिंसिपल के हटावे के मांग उठावल गइल। एह मामला में ग्रामीण के शिकायत पs पुलिस मौका पs पहुंचल। ग्रामीण प्रिंसिपल के हटावे खातिर ज्ञापनो देले।

Tags :
Advertisement