For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

UPSC चेयरमैन के पांच साल पहिलही देलें इस्तीफा, कहलें- एकर पूजा खेडकर विवाद से संबंध ना; पिछला साल अध्यक्ष बनल रहलें 

10:45 AM Jul 20, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
upsc चेयरमैन के पांच साल पहिलही देलें इस्तीफा  कहलें  एकर पूजा खेडकर विवाद से संबंध ना  पिछला साल अध्यक्ष बनल रहलें 
Advertisement

यूपीएससी के अध्यक्ष मनोज सोनी निजी कारणन के हवाला देत इस्तीफा दे देले बाड़ें। उनकर कार्यकाल मई 2029 तक रहे। हालांकि मनोज कहलें बाड़ें कि उनकार इस्तीफा ट्रेनी IAS पूजा खेडकर से जुड़ल विवादन आ आरोपन से कवनो तरे से जुड़ल नइखे।

Advertisement

सूत्रन के मोताबिक यूपीएससी के अध्यक्ष एक पखवाड़ा पहिले निजी कारणन के हवाला देत आपन इस्तीफा दे देले रहस। एकरा के अभी स्वीकार कइल जाये के बा।

मनोज 28 जून 2017 के आयोग के सदस्य के रूप में पदभार संभरलें रहस। ऊ 16 मई, 2023 के यूपीएससी के अध्यक्ष के रूप में शपथ लेलें।

Tags :
Advertisement