UPSC IES/ ISS Exam Schedule 2024: यूपीएससी आईईएस/आईएसएस परीक्षा कार्यक्रम जारी; इहां पढ़ीं
UPSC IES/ ISS Exam Schedule 2024: संघ लोक सेवा आयोग (यूपीएससी) भारतीय आर्थिक सेवा/ भारतीय सांख्यिकी सेवा (आईईएस/ आईएसएस) परीक्षा 2024 खातिर परीक्षा कार्यक्रम जारी कs देले बा। अधिसूचना के अनुसार, आईईएस/ आईएसएस के परीक्षा 21 से 23 जून तक आयोजित कइल जाई। इच्छुक उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट upsc.gov.in पs जाके शेड्यूल के डाउनलोड कs सकत बा लो।
शेड्यूल के मोताबि, यूपीएससी सीएमएस के परीक्षा 14 जुलाई के दु पालियन में आयोजित कइल जाई। पहिला पाली में, सबेरे 9:30 बजे से 11:30 बजे तक, उम्मीदवार जनरल मेडिसिन आ पीडियाट्रिक्स (पेपर 1) परीक्षा दिही लो। ओहिजा, दूसरका पाली के दौरान, दुपहरिया 2:00 बजे से सांझ 4:00 बजे तक, उम्मीदवार सर्जरी/स्त्री रोग आ प्रसूति/निवारक आउर सामाजिक चिकित्सा (पेपर 2) परीक्षा खातिर उपस्थित होई लो।
भारतीय आर्थिक सेवा/भारतीय सांख्यिकी सेवा (आईईएस/आईएसएससी) के परीक्षा के कार्यक्रम इहां पढ़ीं-
UPSC IES/ISS Exam Schedule 2024: कैसे करें परीक्षा कार्यक्रम को डाउनलोड
- सबसे पहिले उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट upsc.gov.in पs जाये।
- ओकरा बाद आईईएस/आईएसएस 2024 परीक्षा शेड्यूल लिंक पs क्लिक करो।
- परीक्षा कार्यक्रम स्क्रीन पs लउके लागी।
- परीक्षा कार्यक्रम जांचीं आ डाउनलोड करीं
- उम्मीदवार भविष्य के संदर्भ खातिर प्रिंटआउट निकाल सकत बा लो।