टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UPSC Admit Card 2024: जारी भइल NDA/CDS 2 परीक्षा खातिर प्रवेश पत्र, टेस्ट 1 सितंबर के

12:50 PM Aug 23, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

संघ लोक सेवा आयोग (UPSC) राष्ट्रीय रक्षा अकादमी (NDA) (2) परीक्षा 2024 आ सम्मिलित रक्षा सेवा (CDS) (2) परीक्षा 2024 में सम्मिलित होखे खातिर जरूरी प्रवेश पत्र (Admit Card) जारी कs देले बा। आयोग के ओर दुनो परीक्षा खातिर प्रवेश पत्र आज माने सुक, 23 अगस्त के जारी कइल गइल। एकरा संगही UPSC एह प्रवेश पत्र (UPSC NDA CDS 2 Admit Card 2024) के डाउनलोड करे खातिर लिंक के अप्लीकेशन पोर्टल, upsconline.nic.in पs एक्टिव कs दिहल गइल बा।

Advertisement

UPSC NDA CDS 2 Admit Card 2024: एह स्टेप में करी डाउनलोड

अइसन में जे उम्मीदवार UPSC के NDA 2 भा CDS 2 परीक्षा खातिर आवेदन कइले बा लो, ऊ लिखित परीक्षा के चरण में सम्मिलित होखे खातिर आपन प्रवेश पत्र डाउनलोड करे खातिर अप्लीकेशन पोर्टल पs विजिट करीं आ फेर प्रवेश-पत्र के सेक्शन में जाई। फेर एह सेक्शन में आपन परीक्षा के प्रवेश पत्र से संबंधित लिंक पs क्लिक करे के होई आ नया पेज पs आपन पंजीकरण संख्या आ जन्म-तिथि के विवरणन के भरके सबमिट करे के होई। एकरा बाद उम्मीदवार आपन प्रवेश पत्र स्क्रीन पs देख सकी लो, जवना के प्रिंट लेला के बाद सॉफ्ट कॉपी उम्मीदवारन के सेव कs लेवे के चाहीं।

उम्मीदवारन के चाहीं कि ऊ आपन प्रवेश पत्र (UPSC NDA CDS 2 Admit Card 2024) डाउनलोड कइला के बाद एह पs दिहल गइल आपन विवरणन (नाम, माता-पिता के नाम, जन्म-तिथि, फोटो आदि) के जांच कs लीं। जदि एमे कवनो त्रुटि होखे तs सुधार खातिर तुरंत आयोग के हेल्पलाइन पs सम्पर्क करीं।

UPSC NDA CDS 2 Exam 2024 Date: 1 सितंबर के होखे के बा परीक्षा

UPSC NDA/CDS 2 परीक्षा खातिर आयोजन के तिथि के ऐलान पहिलही कs देले रहे। आयोग के वर्ष 2024 के खातिर जारी संशोधित परीक्षा कार्यक्रम के मोताबिक दुनो लिखित परीक्षा के आयोजन एके दिन एक सितंबर के कइल जाई। एह परीक्षा में सम्मिलित होखे खातिर उम्मीदवारन के प्रवेश पत्र परीक्षा तिथि से 10 दिन पहिलही जारी कs दिहल गइल बा।

Tags :
Admit card releasedBhojpuri NewsCdseducation newsNDAUpsc Admit card
Advertisement
Next Article