For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

UPSSSC Recruitment 2024: यूपी में महिला लो खातीर निकलल 5 हजार से जादा पदन पs भर्ती, एह दिन से शुरू होंई आवेदन

10:44 AM Oct 16, 2024 IST | Minee Upadhyay
upsssc recruitment 2024  यूपी में महिला लो खातीर निकलल 5 हजार से जादा पदन पs भर्ती  एह दिन से शुरू होंई आवेदन
UPSSSC Recruitment
Advertisement

Advertisement

उत्तर प्रदेश सबऑर्डिनेट सर्विस सिलेक्शन कमीशन (यूपीएसएसएससी) के ओर से नोटिफिकेशन जारी कईल गईल बा। ई अधिसूचना महिला उम्मीदवारन खातिर बा, बता दीं कि अधिसूचना में कहल गइल रहे कि स्वास्थ्य विभाग में 5000 से अधिका महिला स्वास्थ्यकर्मी के खाली पद पs बहाली होई। एह पदन खातिर आवेदन करे के तइयार उम्मीदवार आवेदन शुरू भइला के बाद आधिकारिक वेबसाइट upsssc.gov.in पs जा के आवेदन कs सकेलें. ध्यान रहे कि अधिसूचना में कहल गईल रहे कि एs बहाली खातीर आवेदन प्रक्रिया 28 अक्टूबर से शुरू होई, जवन कि 27 नवंबर 2024 ले जारी रही।

वैकेंसी डिटेल

कुल वैकेंसी- 5272 पद

जनरल कैटेगरी खातीर 2399 पद

ईडब्ल्यूएस कैटेगरी खातीर 489 पद

ओबीसी कैटेगरी खातीर 1559 पद

एससी कैटेगरी खातीर 435 पद

एसटी कैटेगरी खातीर 390 पद

क्वालिफिकेशन

एह बहाली में भाग लेबे खातिर उम्मीदवारन के लगे यूपीएसएसएससी पीईटी 2023 के वैध स्कोर कार्ड होखे के चाहीं. संगही, महिला उम्मीदवार के 10+2 पास भईल होखे अवुरी एएनएम के प्रमाणपत्र होखे के चाही। संगही उम्मीदवार के यूपी नर्सिंग काउंसिल में रजिस्ट्रेशन होखल भी बहुत जरूरी बा।

उमिर के सीमा

महिला स्वास्थ्यकर्मी पद खातिर आवेदन करे खातिर महिला उम्मीदवार के न्यूनतम उमिर 18 साल से कम ना होखे के चाही अवुरी अधिकतम उम्र 40 साल से जादे ना होखे के चाही। बता दीं कि आरक्षण श्रेणी से आवे वाला उम्मीदवार के नियम के मुताबिक अधिकतम उम्र में ढील दिहल जाई। एकरा संगे 1 जुलाई 2024 के ध्यान में राखत उमिर के गणना कईल जाई।

आवेदन के फीस 

एह भर्ती खातिर आवेदन करे खातिर सगरी श्रेणी के आवेदन शुल्क महज 25 रुपिया तय कइल गइल बा.

Tags :
Advertisement