टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

उरुग्वे के दिग्गज खिलाड़ी लुइस सुआरेज अंतरराष्ट्रीय फुटबॉल से लेलें संन्यास, एलान करत घरी भइलें भावुक 

11:12 AM Sep 03, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
लुइस सुआरेज - फोटो : Twitter
Advertisement

उरुग्वे फुटबॉल के दिग्गज लुइस सुआरेज अंतरराष्ट्रीय फुटबॉल से संन्यास के घोषणा कइले बाड़ें। ऊ उरुग्वे के सर्वकालिक शीर्ष स्कोरर हवे। सुआरेज सोमार के एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस के दौरान अपना फैसला के खुलासा कइलें। छह सितंबर के पराग्वे के खिलाफ उरुग्वे के फीफा विश्व कप क्वालिफायर मैच उनकर आखिरी अंतरराष्ट्रीय मैच होई।

Advertisement

लुइस सुआरेज - फोटो : Twitter

 

सुआरेज उरुग्वे के सबसे सानदार फुटबॉलर्स में से एगो रहल बाड़ें। ऊ 17 बरिसन के अंतरराष्ट्रीय करियर में 142 मैचन में 69 गोल कइले बाड़ें। सुआरेज आठ फरवरी, 2007 के कोलंबिया पs 3-1 के जीत से आपन अंतरराष्ट्रीय करियर के सुरुआत कइले रहस। ऊ जल्दिए टीम के एगो महत्वपूर्ण हिस्सा बन गइलें। उनका आ डिएगो फोरलोन के मदद से उरुग्वे दक्षिण अफ्रीका में 2010 फीफा विश्व कप में सेमीफाइनल में जगह बनवले रहे। सेमीफाइनल में ओकरा नीदरलैंड के खिलाफ हार के सामना करे के पड़ल रहे। तब तक सुआरेज टीम के एक अहम हिस्सा बन गइल रहस।

ऊ कहलें, 'संन्यास लेवे के सही समय कब बा ई जनला से बेहतर कुछ नइखे। अब जब हम अंतरराष्ट्रीय फुटबॉल से संन्यास लेवे जा रहल बानी तs आत्मविश्वास से भरल बानी। हम अब राष्ट्रीय टीम से किनारा कइल चाहत बानी। हम 37 साल के हो चुकल बा आ हम इहो जानत बानी कि हमरा खातिर एह उमिर में अगिला विश्व कप खेलल बहुते मुश्किल होई। ई हमरा के बहुत सुकून देत बा कि हम रिटायर अपना मर्जी से हो रहल बानी चोट के एमे कवनो भूमिका निभवलें।

सुआरेज कहलें, हमरा खातिर व्यक्तिगत तौर पs ई बहुत अच्छा बा कि हम टीम से दूर हो रहल बानी कि आगे के चुनौतियन खातिर तइयार बानी। ई फैसला लिहल हमरा खातिर कठिन रहे, बाकिर हम मन के शांति के तरजीह देत बानी आ आखिरी गेम तक हम आपन सब राष्ट्रीय टीम खातिर न्योछावर कइलें। अब हमरा अंदर ऊ आग नइखे आ एहिसे हम ई फैसला कइले बानी कि संन्यास के एलान के इहे सही वक्त बा।

सुआरेज 2010 हैंडबॉल के वजह से सुर्खियों में रहल रहस 

सुआरेज के अंतरराष्ट्रीय करियर के सबसे प्रतिष्ठित क्षणन में से एगो घाना के खिलाफ 2010 विश्व कप क्वार्टर फाइनल के दौरान आइल रहे। मैच के एकदम अंतिम क्षणन में घाना के एगो निश्चित विनिंग गोल से रोके खातिर सुआरेज गोल लाइन पs जाके हैंडबॉल कइले रहे, माने गेना के हाथ से रोक लेले रहे। हालांकि, उनका रेड-कार्ड दिहल गइल रहे। एसे घाना के असामोह पेनल्टी से चूक गइल रहस आ उरुग्वे पेनल्टी शूटआउट में मैच जीतके सेमीफाइनल में प्रवेश कइले रहे।

उरुग्वे खातिर सुआरेज हाले में कोपा अमेरिका टूर्नामेंट खेलले रहस। कनाडा के खिलाफ तीसरा स्थान के मैच में ऊ अपना टीम के जीत में मदद करे खातिर पेनल्टी शूटआउट में स्कोर कइले रहस। सुआरेज फिलहाल मेजर लीग सॉकर (एमएलएस) में इंटर मियामी सीएफ में अपना लमहर समय के दोस्त लियोनेल मेसी के संगे खेल रहल बाड़ें। सुआरेज अब पूरा तरे से अपना क्लब करियर पs ध्यान केंद्रित करिहें।

Tags :
Bhojpuri NewsFootball NewsLuis SuarezRetirement Announcementsports newsUruguay Fottballer
Advertisement
Next Article