For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

अमेरिका में मिलल मनुष्यन में बर्ड फ्लू के दूसरका मामिला, मिशिगन स्वास्थ्य विभाग लोगन के कइलस सचेत

09:55 AM May 23, 2024 IST | Minee Upadhyay
अमेरिका में मिलल मनुष्यन में बर्ड फ्लू के दूसरका मामिला  मिशिगन स्वास्थ्य विभाग लोगन के कइलस सचेत
Advertisement

वाशिंगटन : अमेरिका में एगो आदमी में बर्ड फ्लू के दूसरा मामिला मिलला के बाद हलचल मच गईल बा। एबीसी न्यूज के मुताबिक अमेरिका में बर्ड फ्लू से संक्रमित दूसरा मरीज के पुष्टि भईल बा। मिशिगन के स्वास्थ्य आ मानव सेवा विभाग के रिपोर्ट में कहल गइल बा कि एगो खेत में काम करे वाला के बर्ड फ्लू भा एवियन एन्फ्लूएंजा से संक्रमित जानवर से नियमित संपर्क में रहे वाला के बर्ड फ्लू के पता चलल बा.  सेंटर फॉर डिजीज कंट्रोल एंड प्रिवेंशन (सीडीसी) के कहल बा कि मिशिगन में एच5एन1 संक्रमित मवेशी के संपर्क में आइल डेयरी वर्कर के निगरानी में राखल गइल बा.

Advertisement

उनुका में देखाई देवे वाला लक्षण के बारे में स्थानीय स्वास्थ्य अधिकारी के जानकारी दिहल गईल बा।  संक्रमित के 2 नमूना परीक्षण खातिर लिहल गइल सीडीसी जानकारी देले बा।  एहमें से एगो नमूना नाक से आ दोसरका आँख से मिलल.  प्रयोगशाला के जांच में नाक के स्वाब में इन्फ्लूएंजा के रिपोर्ट नेगेटिव आईल, लेकिन आंख के स्वाब में एच5एन1 संक्रमण पॉजिटिव आईल।  एकरा बाद फेर से नाक से नमूना लिहल गईल।  लेकिन अबकी बेर भी उ इन्फ्लूएंजा के नेगेटिव निकलले। एकरा बाद राज्य के एच5एन1 संक्रमण के बारे में जानकारी दिहल गईल। इन्फ्लूएंजा वायरस न्यूरामिनिड (एन टाइप) के फिलहाल सीडीसी में जीन टेस्टिंग लंबित बा। एकर क्लीनिकल स्पेसिमेन के अनुक्रमण के काम चल रहल बा। एक दू दिन में एकर रिजल्ट आवे के उमेद बा.

संक्रमित आदमी ठीक हो गइले

मिशिगन स्वास्थ्य विभाग के कहना बा कि संक्रमित आदमी अब ठीक हो गइल बाड़े. उs एकरा बारे में कवनो अतिरिक्त पहचान के जानकारी ना दिहे। बता दीं कि अप्रैल के पहिला हफ्ता में अमेरिका में बर्ड फ्लू के पहिला मामिला सामने आइल रहे. ई मरीज टेक्सॉस में मिलल रहे, जेकरा मवेशी से एच5एन1 के संक्रमण भइल रहे। वर्तमान मरीज संक्रमित जानवर के बीच काम करत रहले। सबसे पहिले उनुका आँख में लाली के शिकायत रहे। अबतक ले मिशिगन समेत अमेरिका में बर्ड फ्लू के कुल तीन गो मामिला सामने आइल बा. अइसना में आम जनता के खतरा कम होला। मिशिगन के मुख्य कार्यकारी अधिकारी डॉ. नताशा बगदासरीन के कहल बा कि तेजी से ठीक होखे के प्रक्रिया में मिशिगन अग्रणी रहल बा.

Tags :
Advertisement