टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

USA: देस में तेजी से बढ़ रहल बा गेमिंग बाजार, अमेरिका के 'गेम डेवलेपर्स कॉन्फ्रेंस' में पहिला बेर भारत के पेवेलियन

11:25 AM Mar 21, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

अमेरिका के सैन फ्रांसिस्को में गेम डेवलेपर्स कॉन्फ्रेंस आयोजित कइल जा रहल बानी। खास बात ई बार कि पहिला बेर में भारतो के पेवेलियन बा। ई भारत आ अमेरिका के बढ़त संबंधन के देखावत बा। यूएस इंडिया स्ट्रैटेजिक एंड पार्टनरशिप फोरम के सहजोग से गेम डेवलेपर्स कॉन्फ्रेंस में भारत के पेवेलियन के उद्घाटन कइल गइल बा। फोरम के अध्यक्ष मुकेश अघी बतवलें कि भारत पेवेलियन के उद्घाटन भारत-अमेरिका के संबंधन में मील के पत्थर बा।

Advertisement

देस में तेजी से बढ़ रहल बा गेमिंग इंडस्ट्री

गेम डेवलेपर्स कॉन्फ्रेंस में भारत के पेवेलियन के बुध के उद्घाटन कइल गइल। संगही एह दौरान 'इंडिया गेमिंग मार्केट रिपोर्ट' जारी कइल गइल। रिपोर्ट के मोताबिक, भारत के गेमिंग मार्केट साल 2023 में 3.1 अरब डॉलर रहे, जवना के साल 2028 तक छह अरब डॉलर तक पहुंचे के अनुमान बा। कार्यक्रम में सैन फ्रांसिस्को में भारत के महावाणिज्य दूत के श्रीकर रेड्डी सहित कइयन गो आउर अधिकारियो सामिल बा लो। रेड्डी कहलें कि भारत के डिजिटल अर्थव्यवस्था में बहुते संभावना बा।

देस में 56 करोड़ ऑनलाइन गेम खेले वाला लोग

इंडिया गेमिंग मार्केट के रिपोर्ट के अनुसार, भारत में अभी ऑनलाइन गेमिंग सेक्टर में एक लाख लोग काम करत बा आ आवे वाला दशक में एह सेक्टर में ढाई लाख नौकरियन के पैदा होखे के अनुमान बा। भारत में साल 2023 में इंटरनेट यूजर्स के संख्या 88 करोड़ रहे, जवना के साल 2028 तक 1.2 अरब डॉलर पहुंचे के अनुमान बा। रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि साल 2023 में ऑनलाइन गेम खेले वाला लोगन के संख्या करीब 56 करोड़ रहे, जवन 2028 तक बढ़के 89 करोड़ हो जाई।

भारत में साल 2015 में खाली 25 गो गेमिंग कंपनी रहे, जवन साल 2023 में बढ़के 1400 हो गइल बा। भारत में दुनिया में सबसे जादे मोबाइल गेम एप डाउनलोड कइल जाला।

Tags :
Bhojpuri NewsIndia's First PavalionIndia's first pavilion at the US 'Game Developers Conference'US's Gaming First PlatformUsaUSA: The country's fastest growing gaming market
Advertisement
Next Article