टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

USA: 'जब हम दोस्ती के बारे में सोचेनी,तऽ ओमें भारत सबसे ऊपर होला'

12:59 PM Sep 08, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

अमेरिकी सरकार के एगो शीर्ष अधिकारी कहले बाड़न कि अमेरिका भारत के साथे मिल के स्वास्थ्य, स्वच्छ ऊर्जा आ जलवायु परिवर्तन समेत बड़हन वैश्विक समस्या के समाधान करे के इच्छुक बा। संगही भारत से अमेरिका के संबंध पs उऽ कहले कि जबो हमनी के दोस्ती के बारे में सोचेनी तऽ दोस्त के सूची में भारत के नांव सबसे ऊपर आवेला। अमेरिकी अंतर्राष्ट्रीय विकास वित्त निगम (डीएफसी) के डिप्टी सीईओ निशा देसाई बिसवाल के इ टिप्पणी उनका भारत यात्रा से पहिले आइल बा। अमेरिकी अंतर्राष्ट्रीय विकास वित्त निगम अमेरिका के एगो विकास वित्त संस्थान आ एजेंसी हवे।

Advertisement

वैश्विक समस्या के समाधान में भारत के अहम भूमिका

बिस्वाल कहले कि, 'इ बात एह बारे में नईखे कि भारत के कवना तरह के मदद के जरूरत बा, बलुक इ बात बा कि अमेरिका आ भारत मिल के समस्या के समाधान कइसे क सकऽता।' चार साल में बिस्वाल के इ पहिला भारत यात्रा हऽ। बिस्वर के चार दिन के भारत यात्रा मंगर से शुरू होई। बिस्वाल कहले कि बहुत क्षेत्र बा जहां दुनो देश मिल के काम कर सकऽतारे, जइसे कि जलवायु परिवर्तन, ग्लोबल वार्मिंग आ ग्रीनहाउस गैस उत्सर्जन पs नियंत्रण, स्वच्छ ऊर्जा के बढ़ावा दिहल आ स्वास्थ्य चुनौती से निपटे के काम कइल जा सकता।

बिस्वाल कहले कि भारत महामारी के रोके में खाली साझेदार नइखे, बलुक टीका के आपूर्ति आ वैश्विक स्तर पs महामारी के नियंत्रित करे में मदद करे में बहुत अहम भूमिका निभवले बा। उऽ कहले कि बाइडेन प्रशासन के दौरान डीएफसी भारत में भारी निवेश कइले बिया। 'भारत हमनी के सबसे बड़ देश ह, जवना में डीएफसी निवेश करऽता।' हमरा लागता कि भारत में हमनी के 3.8 अरब डॉलर से अधिका के सक्रिय परियोजना बा। एमें से 2.5 अरब डॉलर बाइडेन प्रशासन के ओर से भारत के बुनियादी ढांचा, निर्माण, स्वास्थ्य आ टीका निर्माण में आर्थिक विकास के समर्थन खातिर दिहल गइल बा।

Tags :
Bharat amerikaBharat sarkarDesh -VideshIndia amerikaIndia governmentjo baidanjo baidan governmentModi GovernmentUsa
Advertisement
Next Article