कबड्डी: आर्मी रेड के हरा सेमीफाइनल में पहुंचल उत्तर प्रदेश, फाइनल में सीएम योगी रहिहें मौजूद
गोरखपुर : ब्रह्मलीन महंत अवैद्यनाथ अखिल भारतीय प्राइजमनी पुरुष कबड्डी प्रतियोगिता में मंगर के क्वार्टरफाइनल मुबाकला खेलल गइल। अपना सानदार प्रदर्शन से सबका के प्रभावित कर रहल आर्मी रेड के टीम के मात देके उत्तर प्रदेश सेमीफाइनल के टिकट कटा लेलस। एकरा अलावे आंध्र प्रदेश, पंजाब आ भारत पेट्रोलियम मुंबई के टीम सेमीफाइनल में पहुंच गइल बाड़ी सs। बुध माने आज पहिला सेमीफाइनल आंध्र प्रदेश बनाम पंजाब आ दूसरका सेमीफाइल उत्तर प्रदेश बनाम भारत पेट्रोलियम मुंबई के बीच खेलल जाई।
आजे खेलल जाई फाइनल
प्रतियोगिता के फाइनलो आजे खेलल जाई। एह दौरान सीएम योगी मवजूद रहिहें। ऊ विजेता आ उपविजेता टीम के खिलाड़ियन के पुरस्कृत करिहें। मंगर के पहिला क्वार्टर फाइनल मैच आंध्र प्रदेश आ राजस्थान के बीच खेलल गइल। एमे आंध्र प्रदेश 51-37 से हराके राजस्थान के बाहर के रास्ता देखवलस। आंध्र के तरफ से तारा, दीपांशु आ शिवम बेहतरीन प्रदर्शन कइल लो। दूसरका मैच उत्तर प्रदेश आ आर्मी रेड दिल्ली के बीच भइल। एमे उत्तर प्रदेश आर्मी रेड के 48-27 के बड़ अंतर से करारा शिकस्त देलस। यूपी के ओर से शुभम, रोहित आ भानु ने अपना प्रदर्शन से सबकर मन मोह लिहल लो। तीसरका मैच पंजाब आ ग्रीन आर्मी के बीच खेलल गइल। रोमांचक मुकाबला में पंजाब ग्रीन आर्मी के 36-32 के अंतर से पराजित कs के सेमीफाइनल में प्रवेश कइलस।
दोगुना हो सकत बा पुरस्कार राशि
प्रतियोगिता के पुरस्कार राशि बढ़वला के लेके मुख्यमंत्री योगी बड़ घोषणा कs सकत बाड़ें। एकरा के लेके बीतल दिन में खेल मंत्री चरचा कइले रहस। उम्मेद बा कि पुरस्कार राशि दोगुना हो सकत बा। अइसन भइल तs विजेता के चार लाख, उपविजेता के दु लाख आ दुनो सेमीफाइनलिस्ट के एक-एक लाख रुपिया मिली।
दुनो लीग मैच हारके बाहर भइल एनईआर के टीम
प्रतियोगिता के अंतिम लीग मैच में आर्मी ग्रीन नई दिल्ली आ पूर्वोत्तर रेलवे के टीम के बीच भिड़ंत भइल। एमे आर्मी ग्रीन 40-30 अंक के अंतर से जीत दर्ज कइलस। अपना अंतिम दुनो लीग मैच में मिलल हार से पूर्वोत्तर रेलवे गोरखपुर के टीम अंतिम आठ में जगह बनावे में नाकामयाब रहल।
ALSO READ: PV Sindhu: दुल्हिन बने के तइयार ओलंपिक पदक विजेता पीवी सिंधू, एही महीना लिहें सात फेरा