For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

प्रयागराज में अपना दल नेता के गोली मारके हत्या: पड़ोसी कइलस वारदात, कहलस-दान में दिहल गइल जमीन वापस ना करत रहे

12:47 PM Jul 07, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
प्रयागराज में अपना दल नेता के गोली मारके हत्या  पड़ोसी कइलस वारदात  कहलस दान में दिहल गइल जमीन वापस ना करत रहे
Advertisement

प्रयागराज में अपना दल (एस) के नेता के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल बा। अतवार के सबेरे घर से जइसही बाहर निकलले, पड़ोसी उनका में गोली मार देलस। सूचना पs पहुंचल पुलिस आरोपी के मवका से पकड़ लेलस। वारदात गंगापार इलाका में अतवार के सबेरे भइल।

Advertisement

पुलिस बतवलस- मृतक के नाम इंद्रजीत उर्फ मोनू पटेल (24) हs। ऊ हाईकोर्ट में वकीलो रहस। आरोपी के नाम सर्वेश (28) हs। सर्वेश बतवलस- हमरा परिवार के बुजुर्ग लोग इंद्रजीत के घरवालन के दान में जमीन देले रहे लो। अब हमनी के ओमे से कुछ जमीन वापस मांगत रहनी सs, बाकिर इंद्रजीत ना देत रहे।

DCP गंगानगर अभिषेक भारती बतवलें कि आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। ओकरा लगे से दुगो तमंचा बरामद कइल गइल बा। ओकरा से पूछताछ कइल जा रहलो बा।

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Advertisement