टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

रेड’ के सीक्वल से इलियाना डी’क्रूज के नाव साफ हो गइल, अब अजय देवगन एह अभिनेत्री से रोमांस करत दिखाई दिहें

12:02 PM Jan 09, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

2018 में रिलीज भईल अजय देवगन के फिलिम 'रेड' हिट साबित भईल। एह फिलिम में अजय के साथे मुख्य भूमिका में इलियाना डिक्रूज लीड रोल देखल गइल रहली। अब एह फिलिम के सीक्वल बने वाला बा। हालांकि अबकी बेर एह फिल्म के सीक्वल में दर्शकन के बड़हन बदलाव देखे वाला बा। जानत बानी का?

रेड’ के नाम अजय देवगन के सुपरहिट फिलिमन के सूची में भी शामिल बा। साल 2018 में रिलीज भइल एह फिलिम के दर्शकन के अपार प्यार मिलल। फिलिम बॉक्स ऑफिस पs बढ़िया कलेक्शन कइलस। अजय देवगन के मजबूत अभिनय सभका दिल जीत लिहलस |

एह फिलिम में इलियाना डीक्रूज के उनुका साथे मुख्य भूमिका में देखल गइल। दुनु जने के जोड़ी प्रशंसकन के बहुते नीक लागल। एह फिलिम के सफलता देख के फिल्म के निर्माता अब फिल्म के दुसरका भाग ले के आवत बाड़े। बाकिर बता दीं कि रेड के सीक्वल में दर्शकन के बड़हन बदलाव देखे के मिले वाला बा |

ई अभिनेत्री ‘रेड 2’ में इलियाना डीक्रूज के जगह ले लिहली

हँ, रउरा लोग के रेड के सीक्वल में बड़हन बदलाव देखे के मिले वाला बा। बदलाव ई बा कि अबकी बेर इलियाना डीक्रूज के एह फिलिम से हटा दिहल गइल बा आ उनुका जगहा वाणी कपूर ले लिहले बाड़ी। हाल ही में फिलिम के मुहुरत से एगो फोटो सामने आइल बा,जवना में अजय के संगे वाणी कपूर अवुरी रवि तेजा भी देखाई देतारे। फोटो में रवि तेजा अवुरी वाणी कपूर 'रेड 2' के क्लैप पकड़ले देखाई देतारे। उनुका बगल में अजय देवगन गहरा रंग के चश्मा पs पोज देत देखाई देतारे अवुरी कैमरा के सोझा मुस्कान देतारे।

 

वाणी आ अजय शुभ समय के तस्वीर साझा कइले

वाणी कपूर खुद एह फिलिम के शुभ समय के तस्वीर अपना इंस्टा पs शेयर कइले बाड़ी। एह तस्वीर के संगे अभिनेत्री फिल्म के पोस्टर भी शेयर कईले बाड़ी। पोस्ट शेयर करत वाणी लिखली- 'जल्दी हम बड़का परदा पs रेड कs रहल बानी।' बहुत आभारी बानी। रेड मुहूर्त शॉट। 15 नवम्बर 2024 के सिनेमाघरन में मिलब। वाणी के अलावे अजय अपना इंस्टाग्राम हैंडल पs मुहुरत के शूटिंग के कुछ तस्वीर भी शेयर कईले बाड़े।एह तस्वीरन के साझा करत घरी अजय कैप्शन में लिखले बाड़न - ‘नया मामिला, नया शुरुआत! # रेड2 आज से शुरू हो रहल बा। मुहुर्त शॉट के सुंदरता बढ़ावे खातिर रवि तेजा के धन्यवाद। एकरा संगे अजय फिलिम के रिलीज डेट के भी घोषणा कईले बाड़े। ऊ बतवले बाड़न कि ईs फिलिम 15 नवम्बर के सिनेमाघरन में रिलीज होखी |

 

 

 

 

 

Tags :
Ajay DevgnbollywoodBollywood newsEntertainmententertainment news in BhojpuriIlleana D CruzVaani Kapoor
Advertisement
Next Article