For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

वंदना कटारिया हॉकी ओलंपिक क्वालीफायर 2024 से बाहर: 13 जनवरी से रांची में सुरू हो रहल बा टूर्नामेंट; प्रैक्टिस के दौरान हो गइल रहे चोटिल

12:35 PM Jan 11, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
वंदना कटारिया हॉकी ओलंपिक क्वालीफायर 2024 से बाहर  13 जनवरी से रांची में सुरू हो रहल बा टूर्नामेंट  प्रैक्टिस के दौरान हो गइल रहे चोटिल
Advertisement

रांची में सुरू हो रहल महिला हॉकी ओलिंपिक एशियन क्वालीफायर से पहिले भारतीय महिला हॉकी टीम के उप कप्तान वंदना कटारिया चोटिल हो गइल बाड़ी। ऊ टूर्नामेंट से बाहर हो गइल बाड़ी। उनका जगह पs निक्की प्रधान के टीम के वाइस कैप्टन नियुक्त कइल गइल बा। जबकि टीम में बलजीत कौर के सामिल कइल गइल बा।

Advertisement

ओलिंपिक एशियन क्वालीफायर 13 से 19 जनवरी के बीच रांची में खेलल जाए के बा। भारतीय टीम टूर्नामेंट के पहिला दिन अमेरिका के खिलाफ मैच से अपना अभियान के सुरुआत करी।

प्रैक्टिस के दौरान हो गइल रहली चोटिल

वंदना के प्रैक्टिस के दौरान चोट लाग गइल। उनका गाल के हड्डी में फ्रैक्चर हो गइल। जवना के वजह से उनका के डॉक्टर लोग आराम के सलाह देले बा।

ओहिजा, भारतीय टीम के मुख्य कोच यानेक शोपमैन कहलें, ई दुर्भाग्यपूर्ण बा की वंदना टूर्नामेंट के हिस्सा ना बन पाइल। अभ्यास सत्र के दौरान ऊ चोटिल हो गइल रहली आ उनका के विश्राम करे के सलाह दिहल गइल बा। हमनी के जहां वंदना के अनुभव के कमी खली। ओहिजा बलजीत कौर के उनका जगह आपन कौशल दिखावे के मौका मिली जबकि निक्की प्रधान टीम के उप कप्तान होइहें।

भारतीय टीम के पूल बी में रखल गइल बा 

भारतीय टीम के पूल बी में रखल गइल बा। भारतीय टीम के पहिला मैच 13 जनवरी के अमेरिका से होखे के बा। भारतीय टीम पूल बी में आपन दूसका मैच 14 जनवरी के न्यूजीलैंड से खेली आ 16 जनवरी के इटली से भिड़ी। नॉकआउट चरण के मैच 18 आ 19 जनवरी के खेलल जाई। एह टूर्नामेंट में भाग लेवे वाली आउर टीमन में जर्मनी, एशियाई खेलन के चैंपियन जापान, चिली आ चेक गणराज्य बा। भारतीय टीम बुध के रांची पहुंच गइल।

Tags :
Advertisement