टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

छपरा से लखनऊ तक 13 फेरन खातिर चली वंदे भारत एक्सप्रेस

10:52 AM Oct 11, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

आवे वाला त्योहार के मौसम में यात्रियन के अतिरिक्त भागदौड़ के ध्यान में राखत, यात्रियन के मांग पऽ भीड़ कम करे खातिर रेल प्रशासन लखनऊ – छपरा होत वाराणसी, सुरेमनपुर, बलिया आ गाजीपुर एक जोड़ी वंदे भारत स्पेशल एक्सप्रेस चलावे के फैसला कइले बा। आठ गो कोच से चले वाली आरक्षित वंदे भारत स्पेशल एक्सप्रेस ट्रेन 25 अक्टूबर से 08 नवंबर 2024 ले लखनऊ आ छपरा से 13 गो यात्रा खातिर चलावल जाई।

Advertisement

छपरा से लखनऊ तक दउरी वंदे भारत

गाड़ी सं-02270 लखनऊ-छपरा वन्देभारत स्पेशल एक्सप्रेस गाड़ी 25, 26, 27, 28, 30, 31 अक्टूबर 01, 02, 03, 04, 06, 07, 08 नवम्बर,2024 तक लखनऊ से 14:15 बजे, प्रस्थान कर सुल्तानपुर से 16:05/16:07 बजे,वाराणसी जं से 18:20/18:25 बजे,गाजीपुर सिटी से 19:33/19:35 बजे,बलिया से 20:23/20:25 बजे,सुरेमनपुर से 20:55/20:57 बजे छपरा 21:30 बजे पहुँची।

छपरा से खुले के टाइमिंग

वापसी यात्रा में गाड़ी सं-02269 छपरा –लखनऊ वन्देभारत स्पेशल एक्सप्रेस 25, 26, 27, 28, , 30, 31 अक्टूबर आ 01, 02, 03, 04, 06, 07, 08 नवम्बर,2024 तक छपरा से 23:00 बजे प्रस्थान कऽ के सुरेमनपुर से 23:35/23:37 बजे दूसरका दिन बलिया से 00:05/00:07 बजे,गाजीपुर सिटी से 00:59/01:01 बजे,वाराणसी जं 02:30/02:35 बजे सुल्तानपुर से 04:48/04:50 बजे छूट के 06:30 बजे लखनऊ पहुँची।

ट्रेन में होई कुल 8 कोच

एह आरक्षित गाड़ी के संरचना में 08 वन्देभारत कोच प्रयुक्त होई। यात्रियन से अनुरोध वा कि उपरोक्त रेल गाड़ियन के रूट के आउर ठहराव आ समय-सारणी के जानकारी खातिर कृपया रेल मदद हेल्पलाइन नं. 139 डायल करीं अथवा रेलगाड़ी पूछताछ वेबसाइट www.enquiry.indianrail.gov.in देखीं।

Tags :
chapra newsChhath Puja Special TrainLucknow to ChapraLucknow Vande Bharat Express
Advertisement
Next Article