टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Vande Bharat Metro: देश के पहिला वंदे भारत मेट्रो एही राज्य से शुरू हो सकेला, एही से एह शहरन के चुनल गइल

04:25 PM Aug 24, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

हाल ही में 20 गो कोच के वंदे मेट्रो के ट्रायल भी हो चुकल बा। हालांकि पीएमओ से मंजूरी मिलला के बाद ही ए रूट के अंतिम रूप दिहल जाई। सूत्र बतावत बाड़े कि वडोदरा से अहमदाबाद तक वंदे भारत मेट्रो के पहिला रूट खातिर सबसे उपयुक्त बा, काहे कि एह रूट में रोज सबसे जादा यात्री आवेले।

Advertisement

देश में जब भी नया क्लास के ट्रेन शुरू होखेला तs बड़ शहर से शुरू हो जाला। बाकी पहिला बेर दिल्ली, मुंबई जइसन बड़ शहर के मुक़ाबले छोट शहर से वंदे भारत मेट्रो चलावे के तैयारी भइल बा। रेलवे भी आपन परीक्षण पूरा कs लेले बा।

फिलहाल देश में 52 गो वंदे भारत एक्सप्रेस चल रहल बा। एह ट्रेनन के यात्री लोग के बहुते पसंद आ रहल बा। वंदे भारत मेट्रो भी एही लाइन पs तैयार कइल गइल बा। आवे वाला दिन में एकरा के शुरू करे पर विचार कइल जा रहल बा । एकर रूट भी लगभग तय हो चुकल बा। रेल मंत्रालय के अधिकारी के मुताबिक पहिला वंदे भारत मेट्रो अहमदाबाद से गुजरात के वडोदरा तक चले वाला बा।

हाल ही में 20 गो कोच के वंदे मेट्रो के ट्रायल भी हो चुकल बा। हालांकि पीएमओ से मंजूरी मिलला के बाद ही ए रूट के अंतिम रूप दिहल जाई। सूत्र बतावत बाड़े कि वडोदरा से अहमदाबाद तक वंदे भारत मेट्रो के पहिला रूट खातिर सबसे उपयुक्त बा, काहे कि एह रूट में रोज सबसे जादा यात्री आवेले। जदी ई वंदे भारत मेट्रो चले तs वडोदरा, नडियाद आ आनंद के हजारों लोग के फायदा होई।

 

देश के करीब 124 शहर के वंदे मेट्रो के माध्यम से जोड़े के तैयारी हो रहल बा। एह में से कुछ संभावित मार्ग में लखनऊ-कानपुर, आगरा-मथुरा, दिल्ली-रेवाड़ी, भुवनेश्वर-बालासोर, आगरा-दिल्ली, तिरुपति-चेन्नई, इलाहाबाद-वाराणसी, भोपाल-जबलपुर, गोरखपुर-लखनऊ, दिल्ली-मुरादाबाद, अमृतसर-चंडीगढ़, दिल्ली-आगरा शामिल बा। एह ट्रेन के खासियत बा कि 100 किमी। मौजूदा वंदे भारत के मुक़ाबले कम समय में स्पीड उठाई, मतलब कि उनुकर पिकअप के समय आ कम हो गइल बा।

वंदे भारत एक्सप्रेस के गति शून्य से 100 किलोमीटर तक पहुंचे में 52 सेकंड के समय लागेला, बाकी वंदे भारत मेट्रो के अयीसन डिजाइन कइल गइल बा कि ऊ शून्य से 100 किलोमीटर तक 45 से 47 सेकंड में तेज हो सकता। हालांकि एकर अधिकतम गति मौजूदा वंदे भारत एक्सप्रेस से कम राखल गइल बा। वंदे भारत मेट्रो की गति 130 किमी बा। प्रति घंटा के बा। स्टेशन के बहुत नजदीक होखे के चलते एकर गति कम राखल गइल बा।

पश्चिमी रेलवे के अधिकारी के मुताबिक पश्चिमी रेलवे से पहिला वंदे भारत मेट्रो वडोदरा आ अहमदाबाद के बीच चलावल जा सकता, काहेंकी हाल में रेलवे अहमदाबाद से मुंबई के रास्ता के काफी आगे बढ़ा देले बिया। आवे वाला दिन में ए रूट पs फैसला होई, बाकी ऊ कहले कि वंदे भारत मेट्रो ट्रेन के संचालन से रोज आवे वाला लोग के समय के बचत होई। एह सब के खास तौर पs रोज आवे जाए वाला लोग के सुविधा खातीर बनावल गइल बा।

Tags :
Bande Bharat Expressbande bharat metroBhojpuri khabarKhabar Bhojpuri NewsMetro Train
Advertisement
Next Article