टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

छपरा से लखनऊ के बीच चली वंदे भारत ट्रेन: 25 अक्टूबर से 8 नवंबर तक चली, देखीं शेड्यूल

12:55 PM Oct 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

रेलवे प्रशासन आवे वाला त्योहार पs यात्रियन के होखे वाला अतिरिक्त भीड़ के ध्यान में रखत नया वंदे भारत ट्रेन के संचालन के फैसला कइले बा। ट्रेन संख्या 02270/02269 लखनऊ-छपरा-लखनऊ वंदे भारत विशेष गाड़ी के संचालन लखनऊ छपरा के बीच से 25 अक्टूबर से 8 नवंबर तक 13 फेरन खातिर कइल जाई। छपरा रूट से चले वाला ई पहिला वंदे भारत ट्रेन होई। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें। छपरा से चले वाली बंदे भारत के सब कोच कुर्सीयान होई।

Advertisement

ट्रेन संख्या 02270 लखनऊ-छपरा वंदे भारत पूजा विशेष गाड़ी लखनऊ से 14:15 बजे चलके सुल्तानपुर से 16:07 बजे, वाराणसी से 18:25 बजे, गाजीपुर सिटी से 19:35 बजे, बलिया से 20:25 बजे आ सुरेमनपुर से 20:57 बजे छूटके छपरा 21:30 बजे पहुंची।

बलिया-गाजीपुर के रास्ते चली ट्रेन

वापसी यात्रा में 02269 छपरा-लखनऊ वंदेभारत पूजा विशेष गाड़ी छपरा से 23:00 बजे प्रस्थान कs के सुरेमनपुर से 23:37 बजे, दूसरका दिन बलिया से 00:07 बजे, गाजीपुर सिटी से 1:01 बजे, वाराणसी से 2:35 बजे आ सुल्तानपुर से 4:50 बजे छूटके लखनऊ 6:30 बजे पहुंची।

एह गाड़ी में वंदे भारत वातानुकूलित कुर्सीयान श्रेणी के आठ कोच लगावल जाई।

Tags :
Bhojpuri NewsChhapra Newsfestival specialindian railwaysSpecial TrainVande Bharat
Advertisement
Next Article