For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Hockey Olympics 2024: बाबा विश्वनाथ  के मेडल समर्पित करिहें ललित उपाध्‍याय, बोललें- ई जीत पूरा देस के हs

06:14 PM Aug 09, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
hockey olympics 2024  बाबा विश्वनाथ  के मेडल समर्पित करिहें ललित उपाध्‍याय  बोललें  ई जीत पूरा देस के हs
Advertisement

टोक्यो के बाद पेरिस ओलिंपिक में ब्रांज मेडल जीते वाली भारतीय टीम के सदस्य ललित उपाध्याय एकरा के पूरा देस के जीत बतवलें बाड़ें। दैनिक जागरण के एगो रिपोर्ट के मोताबिक फोन पs संवाददाता से बातचीत में ऊ कहलें कि बनारस पs बाबा विश्वनाथ के दर्शन-पूजन कs के मेडल उनका के समर्पित करिहें।

Advertisement

शिवपुर के भगतपुर के रहे वाला ललित बतवलें कि भारतीय हाकी टीम बहुते संतुलित रहे। ओलिंपिक खातिर पूरा टीम कड़ा मेहनत कइले रहे। एकरा पहिले टोक्यो ओलिंपिक में पदक विजेता होखे से हौसला जादे रहे। एकर पूरा फायदा मैच के दौरान मिलल। दुनिया के दिग्गज टीमन से चुनौती मिलला के बावजूद लय ना बिगड़ल।

सेमीफाइनल मैच के लेके उनकर कहनाम रहे कि ओह मैच में भारतीय खिलाड़ी आपन सर्वश्रेष्ठ दिहल लो। ई कहल जा सकत बा कि ऊ दिन आपन ना रहे। ब्रांज मेडल खातिर स्पेन के साथ होखे वाला मैच खातिर पूरा टीम मानसिक रूप से तैयार रहे। वन टू वन खेलत अटैक के संगे डिफेंस के रणनीति अपनवलस आ मैच के अपना पक्ष में कs लेलस।

पेरिस में मौजूद भारतीय हॉकी टीम के मुख्य चयनकर्ता डा. आरपी सिंह जीत से बेहद खुस बाड़ें। ऊ गाजीपुर के राजकुमार पाल जइसन खिलाड़ी के मवका देलें आ राजकुमार उनका निर्णय के सही साबित कइलें।

डा. आरपी सिंह के कहनाम बा कि भारतीय हॉकी टीम उम्मेद के मोताबिक प्रदर्शन करत भारत के झोली में एगो आउर मेडल डाल देलस।

Tags :
Advertisement