टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Varanasi Double Murder: घर के भीतर पत्नी आ दु किलोमीटर दूर खेत में मिलल पति के लाश, दहशत पैदा कs देलस

11:34 AM Aug 13, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

उत्तर प्रदेश के वाराणसी जिला में एगो हैरानी के मामला सामने आइल। मंगलवार के सबेरे संदिग्ध परिस्थिति में पति-पत्नी के लाश मिलल।

Advertisement

वाराणसी जिला के चोलपुर थाना क्षेत्र के गोसाईपुर चौकी के तहत गुरवत गांव में मंगलवार के सबेरे एगो पति-पत्नी के लाश संदिग्ध हालत में मिलला के बाद सनसनी फैल गइल। एक ओर पत्नी के लाश कमरा में मिलल, तs दोसरा ओर घर से करीब दु किलोमीटर दूर खेत में पति के लाश मिलल।

जानकारी के मुताबिक संतोष उर्फ राजू अपना पत्नी आरती उर्फ रूपाली चैनपुर नेवादा अम्बेडकर नगर के संगे गुरवत गांव में किराया के मकान में रहत रहले। पति-पत्नी दु महीना पहिले घरे गइल रहले अवुरी सोमवार के ही लवटल रहले।

मंगलवार के सबेरे जब आरती के पिता बाबूलाल कमरा से आवत जरला के गंध के चलते कमरा में गइले तs भीतर देख के ऊ स्तब्ध रह गइले। आरती के लाश ओहिजा बिछौना पर पड़ल रहे। आसपास के सब कुछ जर गइल। संतोष के लाश कमरा से करीब दु किलोमीटर दूर खेत में पड़ल मिलल।

संतोष के गर्दन पs रस्सी के निशान मिलल। सूचना मिलते डीसीपी चंद्रकांत मीना, एडीसीपी टी सरवान, एसीपी अतुल अंजन त्रिपाठी, चोलपुर थाना प्रभारी ईश्वर दयाल दुबे मौका पs पहुंचले। फोरेंसिक टीम भी मौका पs पहुंच गइल। मौका पs सैकड़ों गांव के लोग के भीड़ जमा हो गइल।

Tags :
Bhojpuri khabarDouble murderhusband wife murder mysterykhabarBhojpuriOfficialMurder Casevaranasi double murder mysteryVaranasi News
Advertisement
Next Article