For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Varanasi News: साइबर फ्रॉड गिरोह खातिर काम करे वाला बैंक कर्मी गिरफ्तार

10:01 AM Sep 17, 2024 IST | Sonu Kishor
varanasi news  साइबर फ्रॉड गिरोह खातिर काम करे वाला बैंक कर्मी गिरफ्तार
प्रस्तुती खातिर लगावल गइल फोटो
Advertisement

निवेश से मुनाफा के वादा कऽ के साइबर धोखाधड़ी करे वाला इंटरस्टेट गिरोह में काम करे वाला एगो बैंक कर्मचारी के साइबर क्राइम थाना गिरफ्तार कऽ लिहले बा। आरोपी के पहचान हरदोई जिला के सांडी थाना अंतर्गत घटकाना के रहेवाला आ नहर रोड न्यू सिविल लाइन के निवासी सुनील कुमार के रूप में भइल बा। सुनील खुद हरदोई के एचडीएफसी बैंक में काम करत रहले।

Advertisement

पिंडरा निवासी रामसागर यादव 20 फरवरी 2024 के साइबर क्राइम थाना में केस दर्ज करवले रहले। उऽ बतवले कि साइबर धोखाधड़ी में उनका के पहिला टास्क पूरा कऽ के पइसा कमाए के आफर दिहल गइल। एकरा बाद निवेश पs मुनाफा के बहाने उनका साथे 10 लाख 93 हजार 536 रूपिया के ऑनलाइन ठगी कइल गइल।

एडीसीपी वरुणा जोन/क्राइम सरवनण टी बतवले कि साइबर क्राइम थाना प्रभारी विजय नारायण मिश्र के नेतृत्व में इंस्पेक्टर राज किशोर पांडेय अउरी अनिता सिंह के ओर से मामला के जांच शुरू कइल गइल। निगरानी आ डिजिटल फुटप्रिंट के मदद से सुनील कुमार के पहचान कऽ गिरफ्तार क लिहल गइल। सुनील के लगे से एगो मोबाइल फोन आ 1850 रुपया बरामद भइल बा। सुनील से पूछताछ के बाद पुलिस उनका गिरोह के आठ आ सहयोगी के तलाश शुरू कऽ देले बिया।

अइसे करेले ऑनलाइन धोखाधड़ी

पूछताछ के दौरान सुनील बतवले कि उनकर गिरोह ब्रांडेड कंपनी के वेबसाइट निहन फर्जी वेबसाइट बनावेला। एकरा बाद बल्क एसएमएस फीचर के इस्तेमाल करत हजारों लोग के एक संगे पार्ट टाइम नौकरी चाहे निवेश में निमन मुनाफा के लालच दिहल जाला। जब कवनो आदमी ओह लोग के जाल में फंस जाला त ओकरा के अपना खाता में छोट-छोट रकम जमा कऽ के अधिका पइसा कमाए के लालच दिहल जाला।

समूह पs गिरोह के लोग अपना खाता में भारी मात्रा में पइसा जमा होखे के स्क्रीनशॉट भेजतारे। ई पइसा ओह कंपनी के फर्जी वेबसाइट पs यूजर के खाता में लउकेला। एकरा चलते लोग भारी रकम निवेश करेला। जब लोग आपन पइसा निकाले के चाहेला त उऽ पइसा ना निकलेला।

ई सब काम विदेश के आईपी एड्रेस से होला। ठग के पइसा कॉरपोरेट बैंकिंग में थोक ट्रांसफर के माध्यम से फर्जी गेमिंग ऐप के हजारों यूजर के बैंक खाता आ ओकरा बाकी सिंडिकेशन के खाता में भेजल जाला। फेर, एकरा के तरह तरह के माध्यम से निकालल जाला।

Tags :
Advertisement