टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Varanasi News: काशी विद्वत परिषद के वायरल लेटर पैड पर विवाद ,महामंडलेश्वर हेमांगी सखी के प्राथमिकी दर्ज करईहें FIR

12:42 PM Aug 13, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

काशी विद्वत परिषद के वायरल लेटर पैड के लेके विवाद शुरू हो गइल बा। महामंडलेश्वर हेमांगी सखी एकर विरोध करत कहले बाड़ी कि प्राथमिकी दर्ज करावल जाई। दूसर ओर काशी विद्वत परिषद ए चिट्ठी के फर्जी बतवलस। कहल परिषद कवनो चिट्ठी जारी ना कइलस।

Advertisement

काशी विद्वत परिषद के वायरल पत्र से विद्वान आ संत समुदाय में बवाल मच गइल बा। चिट्ठी में चरित्रहीन के अर्थ भगवान के अवतार बतावल गइल बा। एकरा से नाराज नपुंसक महामंडलेश्वर हेमांगी सखी प्राथमिकी दर्ज करावे के कहले की मंगलवार के बनारस पहुंचतारे। काशी विद्वत परिषद एह चिट्ठी के नकली बतवले बिया ।

किन्नर महामंडलेश्वर हेमांगी सखी बतवली कि मथुरा के ई चिट्ठी वायरल हो गइल बा । एह में चरित्रहीन व्यक्ति के भगवान के अवतार बतावल गइल जवन बहुते निंदा करे लायक बा । काशी विद्वत परिषद के कोषाध्यक्ष प्रो. दिनेश कुमार गर्ग के नाम से ई चिट्ठी जारी भइल बा।

काशी विद्वत परिषद के महासचिव प्रो. रामनारायण द्विवेदी कहले कि ए चिट्ठी के काशी विद्वत परिषद से कवनो संबंध नइखे। ई तs पूरा तरह से नकली बा। जबकि हेमांगी सखी कहली कि मंगल के दिने बनारस चहुँप के एह मामिला में प्राथमिकी दर्ज करावल जाई आ एह मामिला में कानूनी लड़ाई लड़ल जाई ।

Tags :
Bhojpuri khabarControversyhemangi sakhikhabar bhojpuri news specialkhabarBhojpuriOfficialletter pad controversyVaranasi News
Advertisement
Next Article